BJP Candidate List 2024: ‘PM Modi पहिलहीं …’, टिकट कटला के बाद प्रज्ञा ठाकुर के आइल पहिला रिएक्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 4, 2024

BJP Candidate List 2024 भाजपा आपन उम्मीदवारन के पहिलका सूची जारी कर देले बिया। 195 नाम वाला ए सूची में कई गो दिग्गजन के टिकट काटल गइल बा। एही में भोपाल के सांसद प्रज्ञा सिंह

Share

BJP Candidate List 2024 भाजपा आपन उम्मीदवारन के पहिलका सूची जारी कर देले बिया। 195 नाम वाला ए सूची में कई गो दिग्गजन के टिकट काटल गइल बा। एही में भोपाल के सांसद प्रज्ञा सिंह ठाकुरो शामिल बाड़ी। टिकट कटला के बाद प्रज्ञा के पहिला बार बयान सामने आइल बा। टिकट कटला पऽ सांसद प्रज्ञा ठाकुर पीएम के लेके बड़का बयान देले बाड़ी।

पीएम मोदी के हमार बात पसंद नइखे….

टिकट कटला पऽ सांसद प्रज्ञा ठाकुर कहले कि शायद प्रधानमंत्री मोदी के हमार कुछ बात पसंद नइखे आइल आ उऽ पहिलहीं कहले रहलें कि उऽ हमरा के माफ नइखन कर सकत। टिकट कटला के कारण पऽ प्रज्ञा ठाकुर कहली कि हमार टिकट काहें कटल, ई पार्टी के पता होई, बाकिर हम पहिलहूं टिकट ना मंगले रहीं, अबहिंयों नइखी माँगत।

अबकी बार आलोक शर्मा के मिलल टिकट

भाजपा के पहिलका सूची में लोकसभा चुनाव 2024 खातिर भोपाल के स्थानीय नेता आलोक शर्मा के टिकट दिहल गइल बा। 56 वर्षीय नेता आलोक के कर्मठता, सक्रियता आ आमजन के बीच मजबूत पकड़ के चलते पार्टी उनका पऽ भरोसा जतवले बिया। नगर निगम में पार्षद चुनइला के बाद शहर के जनता उनका के महापौर चुनले रहें। एकरा अलावा पिछीलका बरिस भइल विधानसभा चुनाव में पार्टी उनका के उत्तर क्षेत्र से मौका देले रहें।

मध्य प्रदेश के 24 प्रत्याशियन के नाम घोषित

भाजपा पूर्व मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के लोकसभा चुनाव खातिर 20 बरिस बाद फेर विदिशा से टिकट दिहल गइल बा। राज्यसभा सदस्य आ केंद्रीय मंत्री ज्योतिरादित्य सिंधिया के उनकर परंपरागत सीट गुना-शिवपुरी से प्रत्याशी बनावल गइल बा।

भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष विष्णु दत्त शर्मा के फेर खजुराहो सीट सेचुनाव लड़ावल जा रहल बा। कमल नाथ के गढ़ छिंदवाड़ा के अलावा बालाघाट, धार, इंदौर आ उज्जैन लोकसभा क्षेत्र से भाजपा प्रत्याशियन के घोषणा नइखे कइले। पार्टी के पहिलका सूची में चार महिला लो के मौका दिहल गइल बा। 24 में 11 सीटन पऽ पार्टी नया चेहरा उतरले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.