छत्तीसगढ़: नक्सलियन के बड़हन हमला, हवा में उड़ गइल जवानन के सरीर

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 6, 2025

छत्तीसगढ़ के नक्सल प्रभावित बीजापुर जिला में नक्सली सोमार के दिने सुरक्षा बल के गाड़ी के बारूदी सुरंग विस्फोट कs के उड़ा दिहले जवना में आठ गो जवान समेत नौ लोग शहीद हो गइल. पुलिस

Share

नक्सलियन के बड़हन हमला

छत्तीसगढ़ के नक्सल प्रभावित बीजापुर जिला में नक्सली सोमार के दिने सुरक्षा बल के गाड़ी के बारूदी सुरंग विस्फोट कs के उड़ा दिहले जवना में आठ गो जवान समेत नौ लोग शहीद हो गइल. पुलिस इs जानकारी देले बिया। पुलिस अधिकारी बतवले कि जिला के कुटरू थाना क्षेत्र के तहत अम्बेली गांव के नजदीक नक्सली सुरक्षा बल के गाड़ी के बारूदी सुरंग में विस्फोट कs के उड़ा देले, जवना में जवान के के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। उs बतवले कि एs घटना में दंतेवाड़ा जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी) के 8 जवान शहीद हो गईले अवुरी गाड़ी के चालक के भी मउत हो गईल।  सुरंग में करीब 100 किलो विस्फोटक के इस्तेमाल भईल।

दु बरीस में सबसे बड़ नक्सली हमला

आईजी बतवले कि, डीआरजी दंतेवाड़ा के जवान संयुक्त अभियान के बाद स्कॉर्पियो में वापस आवत रहले।  बस्तर आईजी बतवले कि संयुक्त अभियान दंतेवाड़ा, नारायणपुर अवुरी बीजापुर के भईल बा। राज्य पुलिस इकाई डीआरजी पs माओवादी हमला पिछला दु साल में सुरक्षाकर्मी पs नक्सली के सबसे बड़ हमला बा, पीटीआई एगो अधिकारी के हवाला से कहलस।

इ जानकारी दिहल गईल

अधिकारी बतवले कि दंतेवाड़ा, नारायणपुर अवुरी बीजापुर जिला के संयुक्त टीम के नक्सली विरोधी अभियान भेजल गईल। आजु जब सुरक्षा बलन के ई टीम अभियान से लवटत रहुवे तs दुपहरिया करीब सवा दो बजे कुटरू थाना क्षेत्र के अंतर्गत अम्बेली गांव के लगे बारूदी  सुरंग में विस्फोट कs के सुरक्षा बल के गाड़ी उड़ा दिहले.  अधिकारी बतवले कि घटना स्थल पs अतिरिक्त सुरक्षा बल भेजल गईल बा।  एह संबंध में अउरी जानकारी मांगल जा रहल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.