बिहार के सिवान हs देश के सबसे प्रदूषित शहर, अउरियो शहरन के हालत खराब, मानीं डाक्‍टर के सलाह

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 30, 2022

Pollution in Bihar: प्रदेश में प्रदूषण के इस्थिति लगातार गंभीर बनल बा। मंगर के साँझ प्रदूषण के ममिला में सिवान देश के सबसे बेसी प्रदूषित शहर रहल। उहां प्रदूषण के स्‍तर 457 एक्यूआइ रिकार्ड कइल

Share

Pollution in Bihar: प्रदेश में प्रदूषण के इस्थिति लगातार गंभीर बनल बा। मंगर के साँझ प्रदूषण के ममिला में सिवान देश के सबसे बेसी प्रदूषित शहर रहल।

उहां प्रदूषण के स्‍तर 457 एक्यूआइ रिकार्ड कइल गइल।  सिवान के अलावे बक्सर, मोतिहारी, दरभंगा, छपरा, बेगूसराय में प्रदूषण 400 एक्‍यूआइ से ऊपर रिकार्ड कइल गइल।

प्रदेश के कइयन गो शहर देश के राजधानी दिल्ली से जादे प्रदूषित रहल। दिल्ली में प्रदूषण 375 एक्यूआई रिकार्ड कइल गइल। बिहार राज्य प्रदूषण नियंत्रण पर्षद के अध्यक्ष डा.अशोक कुमार घोष के कहनाम बा कि राजधानी में कुछ क्षेत्रन में प्रदूषण बढ़ल बा। ओकरा के नियंत्रित करे खातिर संबंधित विभागन से आग्रह कइल गइल बा। जल्दिये लोगन के राहत मिलला के उम्मेद बा।

प्रशासन सख्त डेग उठावे, तबे राहत

केंद्रीय विद्यालय, नेहरू पथ के प्राचार्य पीके सिंह कहलें कि प्रदूषण के लेके जिला प्रशासन के सख्त डेग उठावे के जरूरत बा। प्रशासन इस्थिति के गंभीरता के समझ सकत बा। मानव जीवन के सुरक्षा के सबसे जादे प्राथमिकता सभे के देवे के चाही। स्कूली लईका सबसे जादे प्रदूषण के मार झेल रहल बाड़े सs।

राजधानी में बीआइटी के इलाका सर्वाधिक प्रदूषित क्षेत्र

राजधानी में बीआइटी के इलाका सबसे प्रदूषित रहल। उहां प्रदूषण के मात्रा 411 एक्यूआई रिकार्ड कइल गइल। ओहिजा राजवंशीनगर आ गांधी मैदान में प्रदूषण के मात्रा बहुते बढ़ल रहे। सबसे कम प्रदूषण दानापुर में रिकार्ड कइल गइल। राजधानी में प्रदूषण के सबसे बड़ कारण धूलकण के मानल जा रहल बा। इहां गंगा से आवे वाला बालू के धूलकण लोगन के घरन तक पहुंच रहल बा।

लईकन के हो रहल बा सांस संबंधी समस्या

पीएमसीएच के शिशु रोग विशेषज्ञ डा.राकेश कुमार शर्मा के कहनाम बा कि प्रदूषण के सर्वाधिक मार लईकन पs पड़ रहल बा लईका धरातल के जादे निचिका होखला के कारण् प्रदूषण के चपेट में जल्दी आ जाले सs। बचाव के बेहतर माध्यम मास्‍क हो सकत बा।

राजधानी में प्रदूषण के इस्थित

  • बीआइटी : 411
  • तारामंडल : 390
  • राजवंशीनगर : 370
  • गांधी मैदान : 369
  • दानापुर : 213

राज्य में प्रदूषण के इस्थिति

  • सिवान : 457
  • बेगूसराय : 452
  • बक्सर : 448
  • छपरा : 415
  • मोतिहारी : 412
  • दरभंगा : 403
  • मुजफ्फरपुर : 368
  • बिहारशरीफ : 362
  • हाजीपुर : 337
  • समस्तीपुर : 336
  • मुंगेर : 321

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.