Bihar Weather: पटना समेत 17 शहर लू के चपेट में, 24 घंटा में बदली मौसम के मिजाज; हो सकत बा राहत के बारिश

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 21, 2023

Bihar Weather-राजधानी समेत प्रदेश में बीतल दु हफ्तन से भीषण गरमी आ लू से अब लोगन के तनिका राहत मिली। अगिला 24 घंटन के दौरान पुरुआ हवा के चलला से तापमान में गिरावट अइला के

Share

Bihar Weather-राजधानी समेत प्रदेश में बीतल दु हफ्तन से भीषण गरमी आ लू से अब लोगन के तनिका राहत मिली। अगिला 24 घंटन के दौरान पुरुआ हवा के चलला से तापमान में गिरावट अइला के संगे लोगन के गरमी से राहत मिली। हलका बारिश आ बूंदाबांदी के संगे बादल छाइल रहला के संभावना जतावल जा रहल बा।

गया आ औरंगाबाद जिला के कुछ जगहन पs बियफे के धूरा भरल तेज हवा के संगे बूंदाबांदी भइल। जवना से गरमी से तनिका राहत मिलल। गया के बाराचट्टी में मेघ गर्जन के संगे वज्रपात में एगो आठ साल के बच्ची के मौत हो गइल। ओहिजा, ताड़ के पेड़ में आग लाग गइल। हालाकि, पटना समेत प्रदेश के 17 शहर लू के चपेट में रहे।

बीतल 24 घंटन के दौरान पटना समेत प्रदेश के 24 जिलन के अधिकतम तापमान में आंशिक गिरावट दर्ज कइल गइल। ओहिजा, 43.3 डिग्री सेल्सियस के संगे शेखपुरा आ पटना में प्रदेश के सार्वाधिक तापमान रहल।

मौसम विज्ञान केंद्र पटना के निदेशक विवेक सिन्हा बतवलें कि पटना समेत समूचे प्रदेश में बीतल दु हफ्ता से भीषण गर्मी आ लू से अब लोगन के तनिका राहत मिली। अगिला 24 घंटन के दौरान मौसम करवट ली, पुरुआ हवा चली, एसे तापमान में दु से चार डिग्री सेल्सियस के गिरावट आई।

छाइल रही बादल

एकरा अलावे, जगह-जगह बादल छाइल रही। हलका बारिश भा बूंदाबांदी के संभावना बा। सुक के पटना समेत प्रदेश के रोहतास, भभुआ, औरंगाबाद, नालंदा, जमुई, बांका जिला में लू के प्रभाव रहला के आसार बा।

44 डिग्री रहल पटना के पारा

पटना के मौसम के बात कइल जाव तs राजधानी के तापमान 44 डिग्री के करीब बा। लोग घर से निकले से बच रहल बा। स्कूल से छुट्टी होखला पs घर लवटत घरी तेज घाम के मार से बचे खातिर एगो बच्ची बोतल में बचल पानी के अपना माथा पs डाल देलस, जवना से ओकरा राहत मिल सके।

प्रमुख शहरन के तापमान 

  • पटना-43.3
  • गया-42.5
  • भागलपुर-42.3
  • मुजफ्फरपुर-40.4
  • औरंगाबाद-41.9
  • डेहरी-42.4
  • भोजपुर-41.9
  • वैशाली-41.6
  • मोतिहारी-41.8
  • खगड़िया-42.8
  • बांका-42.3
  • सबौर-41.1
  • पूर्णिया-40.2
  • अररिया-36.2

(अधिकतम तापमान डिग्री सेल्सियस में)

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.