बिहार: पटना में CM ऑफिस के बम से उड़ावे के धमकी मिलल, अलकायदा के नाम से आइल मेल, मचल हड़कंप

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 4, 2024

  एह समय के बड़ खबर बिहार के पटना से निकलल बा। पटना के सीएम कार्यालय में बम के धमकी मिलल बा। एकरा बाद सुरक्षा प्रणाली के अलर्ट कs दिहल गईल बा अवुरी शीर्ष अधिकारी

Share

 

एह समय के बड़ खबर बिहार के पटना से निकलल बा। पटना के सीएम कार्यालय में बम के धमकी मिलल बा। एकरा बाद सुरक्षा प्रणाली के अलर्ट कs दिहल गईल बा अवुरी शीर्ष अधिकारी एs मामला पs नजर रखले बाड़े।

पटना के सीएम कार्यालय पs बमबारी के धमकी आतंकी संगठन अलकायदा के नाम पs आईल बा। अलकायदा के नाम से सीएमओ कार्यालय में मेल आईल बा। एटीएस मामला के जांच के बाद प्राथमिकी दर्ज करवले बिया, जवना के बाद पटना के सचिवालय थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गईल बा। पुलिस मामला के छानबीन शुरू कs देले बिया।

एकरा से पहिले पटना हवाई अड्डा पs बम के धमकी मिलल रहे। जवना के बाद एकर सुरक्षा बढ़ावल गईल। इs धमकी भी खाली ई-मेल के माध्यम से भेजल गईल रहे। हालांकि ओ समय अयीसन कवनो घटना ना भईल रहे अवुरी पुलिस प्रशासन काफी सतर्क हो गईल रहे।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.