मार्च में होई तीसरका फेज के टीचर भर्ती परीक्षा: फेज 3 में EBC /OBC सामिल ना होई, 10 से 23 फरवरी तक आवेदन लिहल जाई 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 6, 2024

बीपीएससी मार्च में तीसरका फेज के टीचर भर्ती ली। एकरा खातिर अभ्यर्थियन के 10 से 23 फरवरी तक आवेदन लिहल जाई। ई बात मंगर के बीपीएससी अध्यक्ष अतुल प्रसाद बतवलें। ऊ बतवलें कि चउथा फेज

Share

बीपीएससी मार्च में तीसरका फेज के टीचर भर्ती ली। एकरा खातिर अभ्यर्थियन के 10 से 23 फरवरी तक आवेदन लिहल जाई। ई बात मंगर के बीपीएससी अध्यक्ष अतुल प्रसाद बतवलें। ऊ बतवलें कि चउथा फेज के परीक्षा अगस्त में होई। मार्च में होखे वाली परीक्षा 7 से 17 मार्च तक आयोजित कइल जाई। 25 मार्च के होली हs। एकरा पहिले रिजल्टो जारी हो सकत बा।

ई परीक्षा के तिथि निश्चित नइखे। बाकिर अनुमानित बा। इलेक्शन के वजह से डेट बददलियो सकत बा। फेज 3 में EBC /OBC सामिल ना होई लो। काहेकि ओह लोगन के सप्लीमेंट्री आ चुकल बा। फिलहाल पदन के संख्या केतना होई, ई  जानकारी शिक्षा विभाग के ओर से नइखे मिलल। बाकिर अतुल प्रसाद कहलें कि बड़ संख्या में शिक्षकन के बहाली होई।

पद के लेके अभी कवनो जानकारी नइखे 

सप्लीमेंट्री के कवनो प्रवधान नइखे। काहेकि ओकर सप्लीमेंट्री आ चुकल बा। फिलहाल पदन के संख्या केतना होई। ई शिक्षा विभाग कावर से नइखे मिलल। बाकिर, चेयरमैन अतुल प्रसाद कहलें कि बड़ संख्या में शिक्षकन के बहाली होई। बाकिर पद ले लेके अभी कवनो जानकारी नइखे ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.