Bihar Politics : प्रधानमंत्री मोदी बार-बार काहे आ रहल बाड़े बिहार? RJD के ई कद्दावर नेता बता देले बड़ वजह

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2024

Bihar Politics राजद नेता मनोज झा आ शक्ति यादव शुक के राजद कार्यालय में प्रेस कॉन्फ्रेंस कइले। एह दौरान उऽ भाजपा के केंद्र सरकार पs जमके निशाना सधले। उऽ कहले कि बिहार में पांच चरण

Share

Bihar Politics राजद नेता मनोज झा आ शक्ति यादव शुक के राजद कार्यालय में प्रेस कॉन्फ्रेंस कइले। एह दौरान उऽ भाजपा के केंद्र सरकार पs जमके निशाना सधले। उऽ कहले कि बिहार में पांच चरण के चुनाव के बाद बदलाव के ललक स्पष्ट रूप से दिख रहल बा। बच्चा-बच्चा चप्पा-चप्पा कह रहल बा कि नौकरी माने तेजस्वी विकास माने तेजस्वी।

ओहिजा, प्रधानमंत्री मोदी मुद्दन से भटकावे खातिर अब टोटी, लोटा, भैंस, बिजली काटे आ मंगलसूत्र छीने के बात से आगे बढ़ के ई कहे लागल बाड़े कि उनका के परमात्मा दूत के रूप में भेजले बाड़े।

पार्टी के दुनु नेता शुक के राजद कार्यालय में प्रेस से बात करत रहले। दुनु नेता लो कहल कि संविधान के माने वाला बिना कवनो डर के काम करे आ पक्षपात से बचे।

दुनु नेता लो कहल कि पीएम मोदी जवना तरे के बात कर रहल बाड़े , वइसन लोगन के घर के लोगो पसंद ना करेला आ कहेला कि अब उनका बढ़िया इलाज के जरूरत बा।

प्रधानमंत्रीजी बार-बार बिहार काहे आ रहल बाड़े ? – मनोज झा

मनोज झा कहले कि प्रधानमंत्रीजी बार-बार बिहार आ रहल बाड़े । काहेकि नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव जवन काम कइले उऽ उनका के बिहार आवे खातिर  मजबूर कर रहल बा। मोदीजी हताश आ निराश हो चुकल बाड़े, एहिसे अइसन भाषा के इस्तेमाल कर रहल बाड़े जवन जनता के मुदा आ जनता के हित से अलग बा।

उऽ सारण चुनाव पs अधिकारियन से कहले कि डेराई मत आ केहू के दबाव में काम मत करी। जवना आदमी के बात सुन रहल बानी उऽ आदमी अर्श से फर्श पs जलदिए आवे वाला बा। सब अधिकारियन के भारत संविधान पs विश्वास कर के मजबूत संकल्पों के साथे बिना भेदभाव के काम करे के चाहीं। कवनो अधिकारी संविधान के दायरा से बाहर जाके अपना अधिकार के इस्तेमाल कर रहल बा तऽ समझ लेवे के चाहीं कि संविधान के बचावे वाला एह तरे के प्रतिकार करिहें।

बिहार में तंत्र-मंत्र आ षडयंत्र उनकर- मनोज झा

दुनु नेता लो कहल कि सांच तऽ ई बा कि बिहार में तंत्र-मंत्र आ षडयंत्र उनकर बा आ शासन अउरी प्रशासनो उनकरे बा, बाकिर भारत के संविधान सब कोई के बेहतर ढंग से काम करे के अधिकार देवेला। जदि कोई गलत करी तऽ ओकरा पs निगाह बा।

संवाददाता सम्मेलन में राष्ट्रीय जनता दल के प्रदेश प्रवक्ता एजाज अहमद, अरूण कुमार यादव, प्रमोद कुमार सिन्हा आ अतिपिछड़ा प्रकोष्ठ के प्रदेश प्रवक्ता उपेन्द्र चन्द्रवंशी उपस्थित रहले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.