Bihar Politics : ‘तेजस्वी जवना विभाग के मंत्री रहले…’, नीतीश के ई खास मंत्री बतवले अंदर के बात; सियासी हलचल तेज

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2024

Bihar Politics : बिहार के सीएम नीतीश कुमार के पार्टी के एगो कद्दावर नेता आ मंत्री पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव के अलग मुदा पs घेर लेले बाड़े। उनका से एगो सवाल पूछ लेले बाड़े।

Share

Bihar Politics : बिहार के सीएम नीतीश कुमार के पार्टी के एगो कद्दावर नेता आ मंत्री पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव के अलग मुदा पs घेर लेले बाड़े। उनका से एगो सवाल पूछ लेले बाड़े। सवाल नौकरी से जुड़ल बा। नया बयान से बिहार में सियासी हलचल तेज हो सकत बा। बता दी कि अब खाली दू चरण के चुनाव बचल बा। एकरा के लेके सब नेता एक्टिव बाड़े।

विरोधी दल भ्रम फइला रहल बा कि आरक्षण के समाप्त कऽ दिहल जाई, बाकिर बाबा साहेब के संविधान के केहू खत्म नइखे कर सकत। एह बात के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदीयो कह चुकल बाड़े। ई कुल बात बुध के रामनगर-भैरोगंज मुख्य सड़क पs एगो विवाह भवन में आयोजित प्रेस कांफ्रेंस में समाज कल्याण मंत्री मदन सहनी कहले।

उऽ कहले कि बिहार में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार (Nitish Kumar) अनुसूचित जाति के आरक्षण के दायरा बढ़ाके 30 प्रतिशत कऽ दिहले। अति पिछड़ा वर्ग के 18 से बढ़ाके 25, पिछड़ा वर्ग खातिर 12 से 18 कऽ देले। साढ़े आठ लाख नौकरी के नांव पs लोगन के भ्रमित कइल जा रहल बा।

उऽ कहले कि तेजस्वी (Tejashwi Yadav बतावस कि जवना पांच विभागन के उऽ मंत्री रहले, ओमें कतना लोगन के नौकरी देले। नौकरी लोगन के मुख्यमंत्री के प्रयास से मिलल बा। मौका पs एमएलसी सह जेडीयू ज़िलाध्यक्ष भीष्म सहनी, जदयू प्रदेश सचिव पप्पू सिंह निषाद, विधानसभा प्रभारी अजय कुशवाहा, संजय मालाकार, सुरेंद्र बैठा आदि मौजूद रहले।

विकास के नांव पs जदयू के नेता लो मंगलस वोट

एनडीए समर्थित जदयू प्रत्याशी कौशलेंद्र कुमार के पक्ष में बुध के जदयू के नेता आ कार्यकर्ता लो हरनौत विधान सभा क्षेत्र के नगरनौसा में जन संपर्क कइलस।

ई.इंजीनियर अशोक आ चन्द्र उदय कुमार परसडीहा में ग्रामीण से मिल के साधु शरण प्रसाद इंद्रजीत कुमार परमेश्वर प्रसाद सहित दर्जनो से मिलले। उहाँ के ग्रामीण लो कुछ नाराजगी व्यक्त करत बतवलस कि हमनी के सांसद सरल आ सुशील बाड़े। सुलभ होल। वोट मांगे वालन के युवा लो के नाराजगीयो झेले के पड़ल।

उऽ कहले कि ग्रामीण के बीच प्रधान मंत्री नरेंद्र मोदी आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के काम के नांव पs कौशलेंद्र कुमार के पक्ष में मतदान करे के आग्रह कइले। नगरनौसा आ आउर गांव में जाके जन संपर्क कइल गइल। एमें जदयू के कार्यकर्ता आलोक कुमार, पिंटू कुमार, गीता देवी आदि लोग शामिल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.