Bihar Politics: ‘OBC के समय खत्म, अब दलित बनीहे CM’

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 1, 2024

Bihar Politics: भाजपा के पूर्व केंद्रीय मंत्री बिहार में सीएम पद के लेके बड़ बयान देले बाड़े। उऽ कहले बाड़न कि अब ओबीसी के जमाना खतम हो गइल बा। अब दलित बिहार में सीएम बन

Share

BJP Bihar

Bihar Politics: भाजपा के पूर्व केंद्रीय मंत्री बिहार में सीएम पद के लेके बड़ बयान देले बाड़े। उऽ कहले बाड़न कि अब ओबीसी के जमाना खतम हो गइल बा। अब दलित बिहार में सीएम बन जइहें। भाजपा नेता के नयका बयान के चलते राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा। एतने ना उऽ इहो कहले कि बिहार के जनता अब बदलाव चाहऽता।

भाजपा के वरिष्ठ नेता आ पूर्व केंद्रीय मंत्री संजय पासवान एतवार के अपना मांग से बिहार के राजनीति के एगो नाया हवा दे देले। पासवान कहले बाड़न कि ओबीसी के मुख्यमंत्री के समय खतम हो गइल बा।अब मुख्यमंत्री दलित समुदाय के होखे के चाही।

पासवान एगो टीवी चैनल से बात करत घरी ई मांग कइले बाड़न। उ कहले कि बिहार के जनता अब बदलाव चाहऽ तिया। सबके मौका मिलल, अब दलितो के मौका मिले के चाही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.