Bihar Politics : ‘अब केहू आंख उठाके…’, भरल सभा में चिराग काहे कह देले अइसन ? सम्राट चौधरियो कऽ देले एगो वादा

By Anurag Ranjan

Published on: May 16, 2024

Bihar Politics पूर्वी चंपारण लोकसभा क्षेत्र से भाजपा प्रत्याशी राधामोहन सिंह के समर्थन में आयोजित जनसभा में लोजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष चिराग पासवान आ बिहार के डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी पहुंचल रहले। चिराग एही दौरान

Share

Bihar Politics पूर्वी चंपारण लोकसभा क्षेत्र से भाजपा प्रत्याशी राधामोहन सिंह के समर्थन में आयोजित जनसभा में लोजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष चिराग पासवान आ बिहार के डिप्टी सीएम सम्राट चौधरी पहुंचल रहले। चिराग एही दौरान लालू राज के इयाद कइले। उऽ कहले कि तब नौकरी के बदले जमीन लिहल जात रहे । एकरा अलावा सम्राट चौधरीयो सरकार बनला पs नौकरी देवे के बात कहले।

गोविंदगंज (पूर्वी चंपारण)।  देश पहिले सोना के चिड़ई रहे , जिसे अंग्रेज आ मुगल आदि लूट ले गइले। अब प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी भारत के सोना के चिड़ई ना, सोना के शेर बनावे जा रहल बाड़े। ताकि, केहू आंख उठाके देख ना सके।

देश के विकास के राह पs ले जाये वाला नरेन्द्र मोदी (PM Modi) तीसरका बार प्रधानमंत्री बने जा रहल बाड़े । ई बात बुध के पूर्वी चंपारण लोकसभा क्षेत्र के गायघाट हाईस्कूल के प्रांगण में एनडीए से भाजपा प्रत्याशी राधामोहन सिंह के समर्थन में आयोजित जनसभा में लोजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष चिराग पासवान (Chirag Paswan) कहले।

चिराग 1990 के दौर के सरकार के इयाद दिआवत कहले कि तब लाठी में तेल पिआवल जात रहे। नौकरी के नांव पs जमीन लिहल जात रहे। एह लोग के परिवारवाद के अलावा दूसर केहू के चिंता ना रहे। विपक्ष झूठ बोल रहल बा कि संविधान आ आरक्षण के खतरा बा। एकरा म तऽ ओही लोगन से खतरा बा। पीएम मोदी के नेतृत्व में देश काफी मजबूत भइल बा। प्रधानमंत्री गरीबन के विकास के मुख्यधारा से जोड़ल चाहत बाड़े , जवना के विरोध विपक्ष के लोग कर रहल बा।

2025 ले बिहार सरकार 10 लाख नौजवानन के दी नौकरी

Bihar News उप मुख्यमंत्री सम्राट चौधरी (Samrat Chaudhary) कहले कि 2025 ले बिहार सरकार 10 लाख नौजवानन के नौकरी देवे के काम करी। मोदी के पीएम बनला के बाद 25 करोड़ के गरीबी रेखा से बाहर निकालल गइल बा। पूरा विश्व में भारत के डंका बज रहल बा।

अबकी बार सरकार बनल तऽ सोलरयुक्त बिजली मिली , जवना से गरीबन के बिजली के बिल से छुटकारा मिली। उऽ कहले कि मोदी सरकार के आवे से पहिले मात्र 3.5 करोड़ लोगन के पक्का मकान मिलल रहे। मोदी सरकार में 10 बरिस में करीब 4.21 करोड़ लोगन के पक्का मकान मिलल बा।

दलित, पिछड़ा भा गरीब के आरक्षण ना देले- सम्राट चौधरी

उन्होंने कहले विपक्ष कहत बा कि मोदी अइहें तऽ आरक्षण आ संविधान खत्म हो जाई। 1990-2005 ले लालू के सरकार रहे। उऽ कवनो दलित, पिछड़ा भा गरीब के आरक्षण ना देले।

उहे , मंडल कमीशन आइल रहे तऽ कांग्रेस पानी पी-पीकर विरोध कइले रहे । अतना बरिस राजद रहे। एको लाख नौकरी ना दे पावल। जबकि 2005-2020 ले नीतीश कुमार आ सुशील मोदी के नेतृत्व में साढ़े सात लाख लोगन के नौकरी मिलल। 2025 ले हर गरीब के लगे ओकर आपन छतदार मकान होई।

बिहार के पूर्व सरकार लोगन के आरक्षण के लाभ ना देलस। कांग्रेस हमेसा आपन चिंता कइलस। राहुल गांधी के सपना सपने रह जाई। पर्स वाली पार्टी पूरा प्रदेश में टिकट बेचे के काम कइलस। एह लोगन से सावधान रहे के बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.