ड्यूटी पs तैनात बिहार पुलिस कांस्टेबल खुद के AK-47 से मरलस गोली, अस्पताल में भरती

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2025

बिहार के कैमूर जिला से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहाँ बिहार पुलिस के एगो सिपाही कथित तौर पs अपना एके-47 राइफल से खुद के गोली मार देले। घटना तब भईल जब उs

Share

बिहार के कैमूर जिला से एगो चौंकावे वाला घटना सोझा आईल बा। इहाँ बिहार पुलिस के एगो सिपाही कथित तौर पs अपना एके-47 राइफल से खुद के गोली मार देले। घटना तब भईल जब उs ड्यूटी पs रहले। हालांकि सिपाही बाच गईल अवुरी हालत स्थिर बतावल जाता।

घायल सिपाही अस्पताल में भर्ती

पुलिस से मिलल जानकारी के मुताबिक घाही सिपाही के पहचान अमलेश कुमार (26 साल) के रूप में भईल बा, जवन कि जिला पुलिस के क्विक रिएक्शन टीम (क्यूआरटी) में काम करत बाड़े। सोमार के रात के करीब आठ बजे के घटना हs।

एके-47 राइफल से खुद के गोली मार दिहलस

कैमूर के पुलिस अधीक्षक हरिमोहन शुक्ला पत्रकारन से कहले कि, हमनी के जानकारी मिलल कि अमलेश ड्यूटी के दौरान अपना एके-47 राइफल से खुद के गोली मार देले। उs आगे बतवले कि अमलेश के तुरंत नजदीक के सरकारी अस्पताल ले जाइल गईल, जहां से उनुका के बेहतर इलाज खातीर वाराणसी रेफर कs दिहल गईल।

सिपाही के मोबाइल फोन जब्त

घटना के पीछे के वास्तविक कारण अबे ले साफ नईखे भईल अवुरी पुलिस मामला के पूरा तरीका से जांच करतिया। सपा बतवले कि पुलिस सिपाही के एके-47 राइफल अवुरी उनुकर मोबाइल जब्त कs लेले बिया। अस्पताल के सूत्र के मुताबिक अब अमलेश कुमार के हालत स्थिर बा अवुरी उs खतरा से बाहर बाड़े।


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे : सर्वाइकल से राहत पावे खातिर 3 गो योगासन, जानीं करे के सही तरीका

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.