Bihar News : 1 sep के विरोध करी RJD, तेजस्वी कहले – भाजपा के आरक्षण खतम होई

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 31, 2024

नेता प्रतिपक्ष कहले कि जदी नीतीश सरकार 65 प्रतिशत आरक्षण के लेके आपन रुख ठीक से ना पेश करी तs राजद सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटा के आपन विचार पेश करी। हमनी के कोर्ट में

Share

नेता प्रतिपक्ष कहले कि जदी नीतीश सरकार 65 प्रतिशत आरक्षण के लेके आपन रुख ठीक से ना पेश करी तs राजद सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटा के आपन विचार पेश करी। हमनी के कोर्ट में जाके आपन केस बढ़िया से पेश करब जा।

पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के पार्टी राष्ट्रीय जनता दल (RJD) एक सितंबर से आंदोलन करी। ई एलान नेता प्रतिपक्ष आ पूर्व उप सीएम तेजस्वी यादव कइले बाड़न। ऊ कहले कि हमनी के केहु के बिहार के जनता के हक छीन नइखी दे सकत। एहसे हमनी के पार्टी 2023 में भइल जाति सर्वेक्षण के निष्कर्ष के संविधान के अनुसूची 9 के तहत शामिल करे के मांग करत 1 सितंबर के विरोध करी। एतने ना, जदी नीतीश सरकार 65 प्रतिशत आरक्षण के लेके आपन रुख ठीक से ना पेश करी तs राजद सुप्रीम कोर्ट के दरवाजा खटखटा के आपन विचार पेश करी। हमनी के कोर्ट में जाके आपन केस बढ़िया से पेश करब जा। एही से हमनी के एक सितंबर के बिहार में आंदोलन के घोषणा कइले बानी।

भाजपा के लोग आरक्षण खतम कइल चाहतारे

तेजस्वी कहले कि ऊ बिहार में होखेवाला विरोध प्रदर्शन में शामिल होईहे। ऊ कहले कि हमनी के सरकार ओबीसी, अनुसूचित जाति आ अनुसूचित जनजाति खातीर 65 प्रतिशत आरक्षण देले बिया। हमनी के केंद्र सरकार से एकरा के अनुसूची 9 के तहत शामिल करे के मांग कइले रहनी। अब ई मामिला कोर्ट में बा। भाजपा के निशाना बनावत तेजस्वी कहले कि हमनी के मालूम बा कि भाजपा ई नइखे चाहत। भाजपा के लोग आरक्षण खतम कइल चाहतारे, एहीसे ऊ लोग एकरा के अनुसूची 9 में शामिल ना कइले।

बिहार सरकार सुप्रीम कोर्ट से संपर्क कइलस

बता दीं कि जून में पटना हाईकोर्ट बिहार आरक्षण (संशोधन) अधिनियम, 2023 आ बिहार (शैक्षिक संस्थान में प्रवेश) आरक्षण (संशोधन) अधिनियम, 2023 के पद आ सेवा में रिक्ति खातीर निरस्त कs देले रहे। एकरा बाद बिहार सरकार सुप्रीम कोर्ट से संपर्क कइले रहे। मामिला कोर्ट में लंबित बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.