Bihar News : JDU विधायक पप्पू पांडेय के बढ़ल मुश्किल, वारंट जारी होखतही पुलिस के ताबड़तोड़ छापेमारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 13, 2026

गोपालगंज। बिहार के गोपालगंज जिला से एगो बड़ खबर सामने आइल बा। कुचायकोट से जेडीयू विधायक अमरेंद्र कुमार पांडेय उर्फ पप्पू पांडेय, उनकर बड़ भाई सतीश पांडेय आ नजदीकी चार्टर्ड अकाउंटेंट राहुल तिवारी के मुश्किल

Share

गोपालगंज। बिहार के गोपालगंज जिला से एगो बड़ खबर सामने आइल बा। कुचायकोट से जेडीयू विधायक अमरेंद्र कुमार पांडेय उर्फ पप्पू पांडेय, उनकर बड़ भाई सतीश पांडेय आ नजदीकी चार्टर्ड अकाउंटेंट राहुल तिवारी के मुश्किल अब बढ़ गइल बा। कोर्ट से तीनो के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी होखतही पुलिस पूरा एक्शन मोड में आ गइल बिया।

भोर में पुलिस के बड़ कार्रवाई

सोमार के सबेरे पुलिस अधीक्षक विनय तिवारी के निरदेस पs भारी पुलिस बल एक संगे कइयन गो ठिकानन पs छापेमारी सुरू कइलस। पुलिस टीम हथुआ थाना क्षेत्र के तुलसिया गांव में इस्थित पैतृक घर, निजी आवास आ पेट्रोल पंप पs सघन तलाशी लेलस। एह कार्रवाई से पूरा इलाका में हड़कंप मच गइल। हालांकि कइयन घंटा तक चलल छापेमारी में पुलिस के कवनो आरोपी हाथे ना लागल। जानकारी मिलत बा कि वारंट जारी होखे के खबर मिलतही सब आरोपी फरार हो गइल लोग।

का हs पूरा ममिला?

ई पूरा मामला भू-माफिया के संरक्षण आ जमीन से जुड़ल विवाद में संलिप्तता के आरोप से जुड़ल बा। पुलिस के आरोप बा कि एह लोगन के संरक्षण में भू-माफिया सक्रिय रहलें  सs, जवन अवैध जमीन कब्जा आ दोसर आपराधिक काम करत रहलें सs। कोर्ट ममिला के गंभीरता देखत गिरफ्तारी वारंट जारी कइलस।

अब तक के पुलिस कार्रवाई

पुलिस पहिलही से एह ममिला में सक्रिय रहल बा। जांच के दौरान पुख्ता सबूत मिलला के बाद चार गो आउर आरोपियन के गिरफ्तार कs के जेल भेजल जा चुकल बा। पूछताछ आ दस्तावेज के आधार पs विधायक आ उनका सहजोगी लोगन के भूमिका संदिग्ध पावल गइल, जवना के बाद कोर्ट से वारंट निकलवावल गइल।

अब पुलिस के कइयन गो टीम जिला से बाहर लगातार छापेमारी करत आरोपी लोगन के तलाश में जुटल बिया। एह कार्रवाई के बाद जिला के राजनीति में हलचल तेज हो गइल बा, काहे कि सत्ताधारी दल के विधायक पs एह तरे के कार्रवाई कम देखे के मिलेला।्र

Read Also: US Attack : पूर्वी प्रशांत में अमेरिकी कार्रवाई, ड्रग तस्करी के शक में दूगो नाव उड़ा उड़वलस, 5 लोगन के मौत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.