Bihar News: डेंगू मरीज लगातार बढ़ रहल बाड़े , यह शहर में संख्या 37 पहुंच गइल; स्वास्थ्य विभाग द्वारा अलर्ट दिहल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 27, 2024

गया नगर निगम के वार्ड नम्बर 33 के पार्षद ओमप्रकाश सिंह बतवले कि पछिला बेर नियन अबकी बेर भी गया शहर के पुलिस लाइन इलाका हॉट स्पॉट बन गइल बा। नगर निगम के ओर से

Share

गया नगर निगम के वार्ड नम्बर 33 के पार्षद ओमप्रकाश सिंह बतवले कि पछिला बेर नियन अबकी बेर भी गया शहर के पुलिस लाइन इलाका हॉट स्पॉट बन गइल बा। नगर निगम के ओर से ए इलाका में कवनो प्रकार के फॉगिंग आ दवाई के छिड़काव नइखे भइल।

Anugraha narayana medical college and hospital gaya

मिलल जानकारी के मुताबिक गया शहर के पुलिस लाइन इलाका से लगातार चार मरीज डेंगू वायरस से पीड़ित मिलल बाड़े। बेहतर इलाज खातिर सभे मरीज के अनुग्राह नारायण मगध मेडिकल कॉलेज अस्पताल के विशेष वार्ड में भर्ती करावल गइल बा। उक्त इलाका से डेंगू के मरीज मिलला के बाद सब लोग घबराहट में बा। लोग के कहनाम बा कि प्रचार फइलावे से ही लोग जागरूक हो रहल बा, बाकी डेंगू वायरस के खतरा बढ़ रहल बा। एकरा पs स्वास्थ्य विभाग के विशेष ध्यान देवे के जरूरत बा।

फॉगिंग आ दवाई के छिड़काव ना भइल 

ए संबंध में गया नगर निगम के वार्ड नम्बर 33 के पार्षद ओमप्रकाश सिंह कहले कि पछिला सीजन नियन अबकी बेर भी गया शहर के पुलिस लाइन इलाका हॉट स्पॉट बन गइल बा। नगर निगम के ओर से ए इलाका में कवनो प्रकार के फॉगिंग आ दवाई के छिड़काव नइखे भइल। ई जानकारी संबंधित विभाग के अधिकारी के दिहल गइल बा। मंगल के दिने नगर निगम के अधिकारियन से भेंट कइल जाई आ डेंगू वायरस के खतम करे खातिर दवाई के छिड़काव करे के निहोरा कइल जाई। ताकि ई इलाका डेंगू वायरस से मुक्त हो सके।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.