Bihar News : जहरीली शराब कांड पऽ सीएम नीतीश कुमार के एक्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

सीएम नीतीश कुमार बिहार के सारण अउरी सिवान में जहरीला शराब के घटना के गंभीरता से लेले बाड़े। सीएम पटना में उच्च स्तरीय समीक्षा बइठक करवले। एकर मुख्यमंत्री निषेध, उत्पाद आ निबंधन विभाग के सचिव

Share

सीएम नीतीश कुमार बिहार के सारण अउरी सिवान में जहरीला शराब के घटना के गंभीरता से लेले बाड़े। सीएम पटना में उच्च स्तरीय समीक्षा बइठक करवले। एकर मुख्यमंत्री निषेध, उत्पाद आ निबंधन विभाग के सचिव के मौका पऽ जाके पूरा इस्थिति के जानकारी लेवे अउरी सभ बिंदु पऽ पूरा तरीका से जांच करे के निर्देश देले। मुख्यमंत्री एडीजी (निषेध) के पूरा टीम के मौका पऽ जाके एकर पूरा जांच करे आ ए घटना में शामिल लोग के खिलाफ कड़ा कार्रवाई करे के निर्देश देले।

सीएम कहले- शराब पीयल बुरा बात हऽ

मुख्यमंत्री पुलिस महानिदेशक के निर्देश देले कि उऽ अपना स्तर से पूरा घटना के लगातार निगरानी करे आ एह घटना के दोषी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई सुनिश्चित करे। राज्य के जनता से अपील करत मुख्यमंत्री कहले कि शराब पीयल बुरा बात हऽ, इ बात समझे के चाहीं। शराब पियला से स्वास्थ्य के नुकसान तऽ होखेला बलुक परिवार अउरी समाज में अशांति के माहौल बनेला। राज्य में पूरा निषेध लागू बा। सब लोग एकर पालन कर रहल बा। कुछ असामाजिक तत्व समाज में अशांति पैदा कइल चाहतारे। लोग के इनका से सावधान रहे के चाहीं।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.