Bihar Land Survey: बिहार में अतना दिन खातिर टलल जमीन सर्वे के काम

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 22, 2024

बिहार में भूमि सर्वे के काम तीन महीना खातिर टाल दिहल गइल बा। भूमि सुधार आ राजस्व मंत्री दिलीप जायसवाल ई जानकारी दिहले बाड़न। पत्रकारन से बात करत उऽ कहले कि रैयत लो के तीन

Share

बिहार में भूमि सर्वे के काम तीन महीना खातिर टाल दिहल गइल बा। भूमि सुधार आ राजस्व मंत्री दिलीप जायसवाल ई जानकारी दिहले बाड़न। पत्रकारन से बात करत उऽ कहले कि रैयत लो के तीन महीना के समय दिहल जा रहल बा ताकि उऽ लोग ठीक से कागज खोज सके। एकरा संगे-संगे जमीन सर्वेक्षण के काम में लागल लोग के कैथी लिपि सीखे के कहल गइल बा।

मंत्री जी का कहले…

पत्रकारन से बतियावत मंत्री कहले कि हम रैयत के तीन महीना के समय देत बानी कि कागज खोजल जा सके। उऽ कागज निकाल लेस। एह दौरान हमनी के सभे जनप्रतिनिधि के संगे बइठ के समझब कि कवन-कवन समस्या के सामना करे के पड़ता। एकरा बाद सरकार रैयत के संगे बइठक कऽ के एकर ठोस समाधान निकाली। सूत्र बतावत बाड़े कि एह मामला में मंत्री जी पटना के सभ सीओ के संगे बैठक कऽ के जानस कि जमीन के सर्वेक्षण के दौरान कवना प्रकार के समस्या के सामना करे के पड़ता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.