Bihar Home Guard 2026 : 13,500 पदन पs बहाली के मंजूरी, रोजाना भत्ता बढ़ल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2026

एजुकेशन डेस्क। सरकारी नौकरी के सपना देख रहल बिहार के नौजवानन खातिर बढ़िया खबर बा। बिहार सरकार नया वित्तीय साल में होम गार्ड (गृह रक्षक) के 13,500 खाली पदन पs बहाली के मंजूरी दे ले

Share

एजुकेशन डेस्क। सरकारी नौकरी के सपना देख रहल बिहार के नौजवानन खातिर बढ़िया खबर बा। बिहार सरकार नया वित्तीय साल में होम गार्ड (गृह रक्षक) के 13,500 खाली पदन पs बहाली के मंजूरी दे ले बिया। सरकार से हरियर झंडी मिलतही अब जल्दिये गृह विभाग के ओर से नोटिफिकेशन जारी होई आ आवेदन प्रक्रिया सुरू होई।

दैनिक भत्ता में बढ़न्ती

राज्य सरकार होम गार्डन के रोजाना भत्ता बढ़ा देले बिया। पहिले जहां एक दिन के ड्यूटी खातिर 774 रुपिया मिलत रहे, अब ओह जगह 1121 रुपिया प्रतिदिन दिहल जाई। एह फैसला से होम गार्डन के आर्थिक हालत मजबूत होई।

होम गार्ड पद खातिर योग्यता

बिहार होम गार्ड भरती में आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के 10वीं या 12वीं पास होखल जरूरी बा। उमिर सीमा के बात करीं तs न्यूनतम उमिर 20 साल आ अधिकतम उमिर 40 साल तय कइल गइल बा। बाकी योग्यता आ नियम- शर्त के पूरा जानकारी विस्तृत नोटिफिकेशन में जारी कइल जाई।

चयन प्रक्रिया कइसे होई

एह बहाली के चयन जिला स्तर पs कइल जाई। उम्मीदवारन के फिजिकल टेस्ट देवे के होई। फिजिकल टेस्ट में मिलल नंबर के आधार पs अंतिम मेरिट लिस्ट बनाई। संगे-संगे उम्मीदवार के मेडिकल रूप से फिट होखलो जरूरी बा।

Read Also: Nepal Bus Accident : नेपाल में बड़ हादसा, नदी में गिरल यात्री बस, 18 लोगन के मौत, कइयन घायल

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.