Bihar Flood: पीड़ितन के मदद खातिर उड़त हेलीकॉप्टर बाढ़ के पानी में गिरल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2024

बिहार में हेलीकाप्टर खाना के पैकेट गिरावत घरी बेकाबू होके बाढ़ के पानी में गिर गइल। जेकरा मदद खातिर हेलीकाप्टर गइल रहे, उहे लोग हेलीकाप्टर में मौजूद टीम के बचवलस। पिछला तीन दिन से बिहार

Share

सेना के जवान के बचावत ग्रामीण लो

बिहार में हेलीकाप्टर खाना के पैकेट गिरावत घरी बेकाबू होके बाढ़ के पानी में गिर गइल। जेकरा मदद खातिर हेलीकाप्टर गइल रहे, उहे लोग हेलीकाप्टर में मौजूद टीम के बचवलस।

पिछला तीन दिन से बिहार के बाढ़ प्रभावित इलाकन में राहत सामग्री गिरावे के जिम्मेवारी सेना के हेलीकाप्टर ले लिहले बा। एकर शुरुआत सबसे पहिले सीतामढ़ी से भइल रहे। एकरा बाद हेलीकाप्टर के इस्तेमाल से राज्य के दोसरा जिला में राहत सामग्री पहुंचावे के काम शुरू हो गइल। बुध के मुजफ्फरपुर में अइसन एगो हेलीकाप्टर बाढ़ के पानी में गिर गइल। जब हेलीकाप्टर बेकाबू होके राहत सामग्री गिरावे के समय पानी में गिर गइल त स्थानीय लोग जल्दी से कूद के बचाव दल के बचा लेले।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.