बिहार कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष 11 दिसंबर के अइहें पटना, 12 के ग्रहण करिहें पदभार

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 6, 2022

बिहार प्रदेश कांग्रेस के नव नियुक्त अध्यक्ष अखिलेश प्रसाद सिंह 11 दिसंबर के पटना अइहें। पटना पहुंचला के बाद ऊ 12 दिसंबर के सदाकत आश्रम जइहें। जहां ऊ बिहार कांग्रेस के अध्यक्ष के पदभार ग्रहण

Share

बिहार प्रदेश कांग्रेस के नव नियुक्त अध्यक्ष अखिलेश प्रसाद सिंह 11 दिसंबर के पटना अइहें। पटना पहुंचला के बाद ऊ 12 दिसंबर के सदाकत आश्रम जइहें। जहां ऊ बिहार कांग्रेस के अध्यक्ष के पदभार ग्रहण करिहें। उनका पटना आगमन के लेके प्रदेश कांग्रेस के ओर से अभी से तइयारी कइल जा रहल बा।

मदन मोहन झा देलें बधाई

एने बिहार प्रदेश कांग्रेस कमेटी के नवनियुक्त प्रदेश अध्यक्ष डॉ अखिलेश प्रसाद सिंह के निवर्तमान प्रदेश अध्यक्ष डॉ मदन मोहन झा बधाई देले बाड़ें। नवनियुक्त प्रदेश अध्यक्ष के बधाई देवे वालन में प्रदेश कांग्रेस के विधानमंडल दल के नेता अजीत कुमार शर्मा, मीडिया विभाग के चेयरमैन राजेश राठौड़, सांसद मोहम्मद जावेद, विधायक संजय कुमार तिवारी, डॉ स्नेहाशीष वर्धन पांडेय, अशोक कुमार, अमित कुमार, राज कुमार राजन, प्रभात कुमार सिंह, ब्रजेश प्रसाद मुनन, आनंद माधव, असित नाथ तिवारी, किशोर कुमार झा, समाजसेवी सूरज सिन्हा, ज्ञान रंजन , अभय कुमार सिंह सार्जन, संजय कुमार श्रीवास्तव, अजय कुमार सिंह टुन्नू, प्रो. उमा कान्त सिंह, पप्पू त्रिवेदी, इरशाद हुसैन, सुधीर शर्मा ,सुरेश शर्मा नीरज, सुंदर सहनी आदि बा लो।

अखिलेश सिंह के नेतृत्व में बिहार में चुनाव लड़ी कांग्रेस

बिहार में अपना अस्तित्व के बचावे के लड़ाई लड़ रहल कांग्रेस राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद के खास अखिलेश सिंह पर प्रदेश कांग्रेस के लेके भरोसा जतवले बिया। कांग्रेस अखिलेश प्रसाद सिंह के बिहार प्रदेश कांग्रेस के अध्यक्ष पद के जिम्मेवारी देले बिया। पार्टी अब उनकरे नेतृत्व में बिहार में आगामी 2024 के लोक सभा चुनाव आ 2025 के विधान सभा चुनाव लड़ी। मोतिहारी, मुजफ्फरपुर आ पीरो सीट से चुनाव हार चुकल अखिलेश सिंह पर अब 2024 के लोक सभा चुनाव में पार्टी के एगो बड़ जीत दिलावे के जिम्मेदारी होई। अखिलेश सिंह पर दांव लगा के कांग्रेस बिहार में अपना परंपरागत वोटरन के आकर्षित करे के कोसिस कइले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.