Bihar News : सीएम नीतीश कुमार देले एगो आउर सौगात, पत्रकारन के पेंशन के राशि बढ़वलें; अब हर महीना मिली 15 हजार रुपिया

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 26, 2025

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एगो आउर सौगात देले बाड़ें। सामाजिक सुरक्षा पेंशन के बाद अब बिहार पत्रकार सम्मान पेंशन योजना के राशि बढ़ा दिहल गइल बा। अब पत्रकार सम्मान पेंशन

Share

पटना। बिहार विधानसभा चुनाव से पहिले मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एगो आउर सौगात देले बाड़ें। सामाजिक सुरक्षा पेंशन के बाद अब बिहार पत्रकार सम्मान पेंशन योजना के राशि बढ़ा दिहल गइल बा। अब पत्रकार सम्मान पेंशन योजना के तहत छव हजार के 15 हजार रुपिया प्रति माह राशि मिली। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सोशल मीडिया पs एकर जानकारी देले। कहलें कि हमरा के ई बतावत खुसी हो रहल बा कि बिहार पत्रकार सम्मान पेंशन योजना के तहत अब सब पात्र पत्रकारन के हर महीना छव हजार रुपिया के जगह 15 हजार रुपिया पेंशन के राशि प्रदान करे के विभाग के निरदेस दिहल गइल बा।

पत्रकारन के आश्रितन खातिर ई घोषणा

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि बिहार पत्रकार सम्मान पेंशन योजना के अंतर्गत पेंशन प्राप्त कs रहल पत्रकारन के मृत्यु होखे के इस्थिति में ओह लोगन के आश्रित पति भा पत्नी के जीवनपर्यन्त प्रतिमाह तीन हजार रुपिया के जगह 10 हजार रुपिया के पेंशन राशि दिहल जाये के निरदेस देले बाड़ें। सीएम नीतीश कुमार कहलें कि पत्रकारन के सुविधा के हमनी के सुरू से ख्याल रख रहल बानी सs, ताकि उ लोग निष्पक्ष होके आपन पत्रकारिता कs सके लोग आ सेवानिवृत्ति के उपरांत सम्मानजनक तरीका से आपन जीवन-यापन कs सके।

Read Also: IND vs ENG Day 3: रूट के शतकीय पारी से इंग्लैंड कसलस भारत पs शिकंजा, बढ़त 186 रन भइल; गेंदबाज कइल लोग निराश

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.