बिहार- मैट्रिक एग्जाम से पहिले हिन्दी के पेपर वायरल, असली नकली के पता ना, बाकिर बनत रहल हs उत्तर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2022

मैट्रिक परीक्षा के पांचवा दिन पर्चा आउट भइले के खबर पेपर शुरू भइले के 15 मिनट पहलही आवे लागल। रोहतास के बिक्रमगंज इलाका में बिहानें 9.15 बजे  लोग उत्तर बनावत दिखने। तब प्रश्नपत्र उन लड़का

Share

मैट्रिक परीक्षा के पांचवा दिन पर्चा आउट भइले के खबर पेपर शुरू भइले के 15 मिनट पहलही आवे लागल। रोहतास के बिक्रमगंज इलाका में बिहानें 9.15 बजे  लोग उत्तर बनावत दिखने। तब प्रश्नपत्र उन लड़का सब लुकवा लेहनें सब, लेकिन कुछए बेरा बाद सोशल मीडिया पs हिन्दी के पेपर वायरल होखे लागल। पेपर खतम भइले ले पेपर के पुष्टि नाइ हो पवले रहे, एलिए एके अफवाहे के रूप में ही समझल जाता।

बुधवार के बिक्रमगंज इलाका में कई परीच्छा केंद्रन के आरे-पासे छात्र बिहनही से वायरल पेपर लगावत लउकनें। एतने ले नाइ, वायरल प्रश्न के उत्तरो बन के बाजार में आ गइल बा अउर पेपर के संगे ओकर उत्तरो तेजी से वायरल हो रहल बा। रोहतास जिला के आरे-पासे के कई परिच्छा केंद्रन पs अभिभावकन अउर परीक्षार्थियन के अपने अपने मोबाइल में पेपर  देखत पावल गइल। आउट हो रहल पेपर के रंग-ढ़ंग अउर छपाई के क्वालिटिऊ निम्मन बा।

 

साभार – दैनिक भास्कर

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.