प्रिया जायसवाल बनली बिहार टॉपर; देखीं टॉपर लिस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 25, 2025

बिहार स्कूल परीक्षा बोर्ड बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट परीक्षा के रिजल्ट घोषित कs दिहलस।  एह साल कुल 86.50% छात्र परीक्षा पास कइले बाड़े.  एह साल वाणिज्य विषय के छात्रन के लगे 94.77प्रतिशत सबसे अधिका दर्ज भइल

Share

BSEB 12th Result

बिहार स्कूल परीक्षा बोर्ड बिहार बोर्ड इंटरमीडिएट परीक्षा के रिजल्ट घोषित कs दिहलस।  एह साल कुल 86.50% छात्र परीक्षा पास कइले बाड़े.  एह साल वाणिज्य विषय के छात्रन के लगे 94.77प्रतिशत सबसे अधिका दर्ज भइल बा.

प्रिया बनली टॉपर

बोर्ड के अध्यक्ष आनंद किशोर प्रेस कांफ्रेंस में जानकारी देले कि बारहवीं के परीक्षा में 86.50 प्रतिशत छात्र पास भईले।  घोषित रिजल्ट के मुताबिक बिहार के प्रिया जायसवाल (पश्चिम चंपारण) विज्ञान में 484 अंक लेके पहिला स्थान पs पहुंच गईली।  जहां आकाश कुमार (अरवल) 480 अंक लेके दूसरा स्थान पs आ पटना के रवि कुमार 478 अंक लेके तीसरा स्थान पs बाड़े।

पासिंग पर्सेंटाइल का रहे?

बोर्ड अध्यक्ष कहले कि एs साल कला के पास प्रतिशत 82.75%, वाणिज्य 94.77% अवुरी विज्ञान के पास प्रतिशत 89.66% बा।  एकरा संगे पूरा राज्य के कुल पास प्रतिशत 86.5% बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.