[the_ad_group id="30365"]

Bihar Board : 10वीं-12वीं के अंकतालिका में अब ना लिखाई ‘फेल’, जानीं का होई नया बदलाव

Bihar Board Marksheet ‘Fail’ Word Replacement Update
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। बिहार बोर्ड के 10वीं आ 12वीं के परीक्षा देवे वाला विद्यार्थियन के अंकतालिका में जल्दिये एगो बड़ बदलाव देखे के मिल सकेला। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, बिहार शिक्षा विभाग अंकतालिका से ‘फेल’ शब्द हटावे के फैसला कइले बा। एकरा जगह ‘कौशल खातिर पात्र’ लिखे के प्रस्ताव बा।

विभाग के माने कि बा कि परीक्षा में उम्मीद के मोताबिक अंक ना मिल पावल कवनो विद्यार्थी के पूरा क्षमता भा प्रतिभा के सही पैमाना ना हो सकेला। एह बदलाव के मकसद विद्यार्थियन के परीक्षा परिणाम के आधार पs नकारात्मक पहचान से बचावल आ आत्मविश्वास कायम रखल बा।

शिक्षा मंत्री बतवलें नया बेवस्था

शिक्षा मंत्री मिथिलेश तिवारी बियफे के भइल समीक्षा बैठक में प्रस्तावित बदलाव के जानकारी देलें। मंत्री के मोताबिक, एह खातिर मवजूदा नियम में संशोधन कइल जाई। नियम में बदलाव के बाद बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) के जरूरी निरदेस जारी कइल जाई।

‘फेल’ शब्द हटावे के पीछे का सोच बा?

शिक्षा विभाग के माने के बा कि कवनो परीक्षा में अपेक्षित अंक ना मिलला के मतलब ई ना कि विद्यार्थी में प्रतिभा भा क्षमता के कमी बा। एही सोच के तहत प्रमाणपत्र आ अंकतालिका में अइसन भाषा के इस्तेमाल करे के कोसिस बा, जवना से विद्यार्थी के मनोबल कम ना होखे।

नया बेवस्था के मकसद परीक्षा परिणाम के विद्यार्थी के क्षमता के अंतिम पैमाना ना माने, कम अंक पावे वाला विद्यार्थियन के नकारात्मक पहचान से बचावे आ ओह लाेगन के आत्मविश्वास बनवले रखे के बा।

अभी से लागू ना होई बदलाव

हालांकि, अभी से अंकतालिका पs नया शब्द लिखल सुरू ना होई। एकरा खातिर पहिले मवजूदा नियम में संशोधन जरूरी बा। नियम में बदलाव के बाद शिक्षा विभाग बीएसईबी के औपचारिक निरदेस दी। निरदेस मिलला के बाद बोर्ड संशोधित शब्दावली लागू करी। एह वजह से फिलहाल ई बेवस्था प्रस्तावित बदलाव के रूप में सामने आइल बा।

10वीं आ 12वीं दुनु के अंकतालिका में बदलाव?

मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, प्रस्तावित बदलाव बिहार बोर्ड के 10वीं आ 12वीं दुनु कक्षा के अंकतालिका से जुड़ल बा। हालांकि अंतिम रूप से नया शब्दावली कब आ कइसे लागू होई, ई संशोधित नियम आ बीएसईबी के आधिकारिक निरदेस जारी भइला के बाद साफ होई।

Read Also: UPPSC Admit Card 2026 : लेक्चरर टेक्निकल एजुकेशन परीक्षा के एडमिट कार्ड जारी, इहां से करीं डाउनलोड

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]