पटना। बिहार के पटना जिला में बांकीपुर विधानसभा उपचुनाव के मतदान के दौरान बियफे के राजनीतिक तनाव देखे के मिलल। किदवईपुरी इलाका में मतदान केंद्र के बाहर भारतीय जनता पार्टी आ जन सुराज के कार्यकर्तन के बीच कहासुनी के बाद झड़प हो गइल।
घटना के जानकारी मिलतही मवका पs तैनात पुलिसकर्मी सक्रिय हो गइल लोग। पुलिस दुनो पक्ष के अलग कइलस आ इस्थिति के नियंत्रण में ले लेलस। एकरा बाद मतदान प्रक्रिया फेर से सामान्य तरीका से जारी रहल।
मतदान केंद्र के बाहर काहे भइल विवाद?
जानकारी के मोताबिक, किदवईपुरी में मतदान केंद्र संख्या 101, 102 आ 103 के बाहर भाजपा आ जन सुराज समर्थक के बीच विवाद सुरू भइल। जन सुराज के कार्यकर्ता आरोप लगावल लो कि भाजपा के पूर्व प्रत्याशी बंटी मतदान केंद्र के नजदीक मतदाता लोगन के प्रभावित करे आ डेरावे के कोसिस करत रहलें।
हालांकि, भाजपा एह आरोप पs सार्वजनिक रूप से कवनो प्रतिक्रिया ना देलस। एह दावा के स्वतंत्र रूप से पुष्टि नइखे हाे सकल।
पुलिस तुरंत संभरलस इस्थिति
विवाद बढ़तही पुलिस बल दुनो पार्टी के समर्थकन के अलग कइलस। मतदान केंद्र के बाहर जुटल भीड़ के हटावल गइल आ लोगन से शांति बना के रखे के अपील कइल गइल।
पुलिस के तत्परता से इस्थिति जल्दी सामान्य हो गइल। मतदान में कवनो बड़ बेवधान ना पड़ल आ वोटिंग आगे जारी रहल। चुनाव अधिकारियो पूरा घटनाक्रम पs नजर बनवले रखल लो, ताकि निष्पक्ष आ शांतिपूर्ण मतदान सुनिश्चित हो सके।
मतदान से एक दिन पहिले बढ़ल रहे तनाव
एक दिन पहिले बुध के रात पटना पुलिस आ स्पेशल टास्क फोर्स जन सुराज से जुड़ल करीब 20 नेता आ कार्यकर्ता के हिरासत में लेले रहे। पुलिस के कहनाम रहे कि कुछ लोग चुनाव से पहिले माहौल खराब करे आ अफवाह फइलावे के कोसिस करत रहे। हालांकि, पुलिस एह आरोप के विस्तृत जानकारी सार्वजनिक नइखे कइले।
प्रशांत किशोर पुलिस कार्रवाई पs उठवलें सवाल
जन सुराज के संस्थापक प्रशांत किशोर समर्थकन के संगे जक्कनपुर थाना पहुंच के पुलिस कार्रवाई के विरोध कइलें। ऊ कहलें कि जदि कवनो कार्यकर्ता कानून के उल्लंघन कइले बा, तs ओकरा खिलाफ कानूनी कार्रवाई होखे के चाहीं।
जन सुराज के राष्ट्रीय प्रवक्ता कुमार सौरव सिंह आ महिला प्रकोष्ठ के अध्यक्ष प्रतिभा सिंह पुलिस कार्रवाई पs सवाल उठावत निष्पक्ष जांच के मांग कइलें। एह आरोप पs पुलिस के ओर से विस्तृत जवाब सामने नइखे आइल।
नितिन नवीन कइलें जादे मतदान के अपील
एह बीच भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष नितिन नवीन सोशल मीडिया के माध्यम से मतदाता से जादे से जादे संख्या में वोट डाले के अपील कइलें। ऊ नवहन आ महिला लाेगन से खास तौर पs मतदान में भाग लेवे के कहलें। ऊ “पहिले मतदान, फेर जलपान” के सनेस दोहरावत कहलें कि हर वोट लोकतंत्र के मजबूत बनावेला।
Read Also: CWG 2026 : दिलीप गावित 100 मीटर T47 दौड़ में जीतलें गोल्ड, भारत के सानदार प्रदर्शन जारी







