Bihar Anganwadi Kendra: बिहार में खुली 18 हजार नया आंगनबाड़ी केंद्र

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 26, 2024

बिहार में 18 हजार नया आंगनबाड़ी केंद्र खोलल जाई। नीतीश सरकार एकरा बारे में केंद्र के याद दिअवले बिया। हाल ही में केंद्रीय मंत्री से भइल मुलाकात में राज्य सरकार इ मुद्दा उठवले रहे कि

Share

बिहार में 18 हजार नया आंगनबाड़ी केंद्र खोलल जाई। नीतीश सरकार एकरा बारे में केंद्र के याद दिअवले बिया। हाल ही में केंद्रीय मंत्री से भइल मुलाकात में राज्य सरकार इ मुद्दा उठवले रहे कि बिहार में भारी संख्या में नाया आंगनबाड़ी केंद्र खोले के जरूरत बा। एकरा संगे-संगे बिहार के ए मुद्दा पs भी उच्च स्तर से विचार के आश्वासन दिहल गइल। अब फेर से केंद्र के याद दिआवल गइल बा।

बिहार में 18 हजार, 300 नया आंगनबाड़ी केंद्र खोले के संबंध में समाज कल्याण विभाग केंद्र सरकार के याद दिअवलस।

कुछ महीना पहिले जब वीडियो कॉन्फ्रेंसिंग के माध्यम से देश भर के समाज कल्याण विभाग के मंत्रियन के संगे केंद्रीय मंत्री के स्तर प बइठक भइल तऽ बिहार से इ मुद्दा उठल कि में भारी संख्या में नाया आंगनबाड़ी केंद्र खोले के जरूरत बा बिहार के बा। बिहार के मुद्दा पs भी उच्च स्तर से विचार के आश्वासन दिहल गइल।

फिलहाल पूरा बिहार में 1.15 लाख आंगनबाड़ी केंद्र बा।

वर्तमान में बिहार में 1.15 लाख आंगनबाड़ी केंद्र बा। समाज कल्याण विभाग के कहनाम बा कि जबसे ए संख्या में आंगनबाड़ी केन्द्र तय भइल तब से जनसंख्या में काफी बढ़ोतरी भइल बा।

जनसंख्या के ध्यान में राखत विभाग आकलन कइले बा कि कम से कम 18 हजार अउरी आंगनबाड़ी केंद्र के बढ़ावे के चाही। ग्रामीण क्षेत्र से शहरी क्षेत्र तक नया आंगनबाड़ी केन्द्र खोले के जरुरत महसूस हो रहल बा।

ए तरे होला आंगनबाड़ी केन्द्र के फैसला

आंगनबाड़ी केन्द्र खोले के संबंध में प्रावधान बा कि एक वार्ड में एक आंगनबाड़ी केन्द्र होखे के चाही। आंगनबाड़ी केन्द्र में आमतौर पर 40 गो लइकन के पढ़ावे आ पोषण देबे के प्रावधान होला।

मानल जाता कि एक वार्ड के आबादी एक हजार तक होई। बाकिर बहुते वार्ड अइसन बा जहाँ एक हजार से अधिका आबादी बा आ एक से अधिका आंगनबाड़ी केन्द्र के जरूरत बा।

कई गो आंगनबाड़ी केन्द्र बा जहाँ 40 से अधिका लइका आ रहल बाड़े। अइसना में एह बात के समस्या बा कि केकरा के पौष्टिक भोजन ना दिहल जाव। बीच में मिनी आंगनबाड़ी सेंटर शुरू करे के काम शुरू हो गइल रहे, बाकिर इ विचार बहुत आगे ना बढ़ पावल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.