स्वतंत्रता दिवस से पहिले दिल्ली पुलिस के बड़ सफलता, ISIS आतंकी गिरफ्तार; NIA रखले रहे तीन लाख के इनाम

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 9, 2024

दिल्ली पुलिस के हाथे आज एगो बड़ सफलता लागल। दरअसल, आईएसआईएस मॉड्यूल के आतंकवादी के गिरफ्तारी कइल गइल बा। जवना के पहचान रिजवान अली के रूप में भइल बा। एनआईए ओकरा पs तीन लाख रुपिया

Share

दिल्ली पुलिस के हाथे आज एगो बड़ सफलता लागल। दरअसल, आईएसआईएस मॉड्यूल के आतंकवादी के गिरफ्तारी कइल गइल बा। जवना के पहचान रिजवान अली के रूप में भइल बा। एनआईए ओकरा पs तीन लाख रुपिया के इनाम घोषित कइले रहे।

दिल्ली पुलिस के अधिकारी देलें जानकारी

ऊ दरियागंज के रहे वाला हs। दु साल से फरार चलत रहे। दिल्ली पुलिस (Delhi Police) के एडिशनल सीपी प्रमोद कुशवाहा एह बात के पुष्टि कइले बाड़ें। एनआईए के केस में ऊ बहुते समय से वांटेड चलत रहे।

शाहनवाज मॉड्यूल के हs ई आतंकी

ई मॉड्यूल आईएसआईएस (ISIS terrorist) के कहल जाला। ई पाकिस्तानी सुरक्षा एजेंसी आईएसआई खातिर काम करेला। दु साल पहिले शाहनवाज मॉड्यूल देस में आतंकी वारदात के साजिश रचत रहे। पुणे में तब गुप्त सूचना के आधार पs गश्त कs रहल पुलिस  इमरान आ कुछ आउर के पकड़ लेले रहे। ओह घरी इमरान भाग गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.