BREAKING: वैशाली में भीषण सड़क हादसा, 12 के मौत: भोज खाके लवटत रहे लो, ट्रक सभे के रउदलस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2022

वैशाली में अतवार के रात करीब 9 बजे भीषण सड़क हादसा भइल। भोज खाके पैदल वापस लवट रहल कुछ लोगन के ट्रक रउद देलस। हादसा में 12 लोगन के मौत के सूचना मिल रहल बा।

Share

वैशाली में अतवार के रात करीब 9 बजे भीषण सड़क हादसा भइल। भोज खाके पैदल वापस लवट रहल कुछ लोगन के ट्रक रउद देलस। हादसा में 12 लोगन के मौत के सूचना मिल रहल बा। मृतकन में 8 छोट-छोट लईका सामिल बा। ओहिजा 10 से बेसी लोग गंभीर रूप से घायल बा। घटना वैशाली जिला के देसरी थाना क्षेत्र के सुल्तानपुर गांव के हs।

हादसा के बाद बिखरल शव

घटना के विषय में स्थानीय लोग बतावल कि लगहि नेवतन पूजा रहे। ओहि में लईकन समेत गांव के लोग गइल रहे। उहां से भोज खाके लवटला के दौरान ट्रक सभे के रउद देलस। एमे करीब 12 लोगन के मौके पs मौत हो गइल। जबकि करीब 10 से बेसी लोग घायल हो गइल। स्थानीय लोगन के अनुसार, ट्रक के ड्राइवर शराब के नशा में रहे।
‘लोगन के टक्कर मरला के बाद ट्रक पीपल के गाछ से जा टकराइल बा। 10 शव घटना स्थल पs मिलल बा। पीपल के गाछ से ट्रक टकरइला के बाद ड्राइवर घायल अवस्था मे स्टीयरिंग में फंस गइल। ओकर मौत हो गइल बा। ओहिजा एगो शव ट्रक में फंसल बा।

हादसा के सूचना पs हाजीपुर सदर अस्पताल से शव वाहन आ एंबुलेंस के रवाना कs दिहल गइल बा। सदर अस्पताल में चिकित्सक आ कर्मचारी अलर्ट पs बा लो। घटनास्थल पs परिजन के रो-रो के बुरा हाल बा। अपना लइकन के शव देखके लोग रो बिलख रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.