NCERT में बड़ बदलाव: दिल्ली सल्तनत आ मुगलन के चैप्टर हटल, अब महाकुंभ बनी पढ़ाई के हिस्सा

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 29, 2025

देश के सबसे प्रतिष्ठित शैक्षणिक संस्थान एनसीईआरटी (नेशनल काउंसिल ऑफ एजुकेशनल रिसर्च एंड ट्रेनिंग) एक बेर फेरु अपना सिलेबस में बड़ बदलाव कईले बिया अवुरी 7वीं कक्षा के किताब से मुगल अवुरी दिल्ली सल्तनत से

Share

NCERT में बड़ बदलाव

देश के सबसे प्रतिष्ठित शैक्षणिक संस्थान एनसीईआरटी (नेशनल काउंसिल ऑफ एजुकेशनल रिसर्च एंड ट्रेनिंग) एक बेर फेरु अपना सिलेबस में बड़ बदलाव कईले बिया अवुरी 7वीं कक्षा के किताब से मुगल अवुरी दिल्ली सल्तनत से जुड़ल सभ अध्याय के हटा देले बिया। जहाँ अब नया पाठ्यपुस्तकन में महाकुंभ के जोड़ल गइल बा आ बतावल गइल बा कि 66 करोड़ लोग एहमें आइल रहुवे.

का बदल गइल बा

अब तक कक्षा 7 के इतिहास के किताब में दिल्ली सल्तनत (मामलुक, खिलजी, तुगलक, लोदी वंश) आ मुगल साम्राज्य (बाबर से औरंगजेब ले) के पढ़ाई होखत रहे। अब नया पाठ्यक्रम के हिसाब से ई अध्याय हटा दिहल गइल बा. अधिकारियन के कहल बा कि ई फैसला “भारतीय विरासत आ जीवंत सांस्कृतिक परंपरा के प्राथमिकता देबे खातिर” लिहल गइल बा. ई कदम राष्ट्रीय शिक्षा नीति (एनईपी) आ राष्ट्रीय पाठ्यक्रम रूपरेखा (एनसीएफएसई) 2023 के अनुरूप बा जवना में भारतीय परंपरा, दर्शन, शिक्षा प्रणाली आ स्थानीय संदर्भ पs जोर दिहल गइल बा।

महा कुंभ काहे ?

प्रयागराज, हरिद्वार, उज्जैन आ नासिक में हर बारह साल पs होखे वाला महाकुंभ दुनिया के सबसे बड़ आध्यात्मिक सभा हs। अब विद्यार्थी महाकुंभ के ऐतिहासिक, सांस्कृतिक आ सामाजिक महत्व के अध्ययन करीहें. एह साल के शुरुआत में प्रयागराज में आयोजित महाकुंभ मेला के भी एह किताब में बखान कइल गइल बा। बतावल जाता कि एकरा में करीब 66 करोड़ लोग कईसे भाग लेले।

इs बदलाव नयका राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2023 के मुताबिक बा

एनसीईआरटी के अधिकारी बतवले कि इsकिताब के पहिला भाग मात्र बा अवुरी आवे वाला महीना में दूसरा भाग आवे के उम्मेद बा। हालांकि, उs एह बात पs कवनो बयान ना देले कि हटावल गईल हिस्सा के किताब के दूसरा भाग में राखल जाई कि ना। बता दीं कि एनसीईआरटी पहिले मुगल आ दिल्ली सल्तनत के अध्याय के छोट कs दिहले रहे जवना में तुगलक, खिलजी, मामलुक आ लोदी जइसन राजवंश के विस्तृत विवरण आ मुगल सम्राट के उपलब्धियन पs दू पन्ना के तालिका दिहल गइल रहे. एनसीईआरटी इहो बतवले बा कि ई बदलाव स्कूली शिक्षा खातिर नया राष्ट्रीय शिक्षा नीति आ राष्ट्रीय पाठ्यक्रम रूपरेखा 2023 के अनुरूप बा। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.