Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

I.N.D.I.A के बड़ झटका, बंगाल में अकेले चुनाव लड़ीहें ममता बनर्जी

740

 

लोकसभा चुनाव के नजदीक आवत विपक्षी दलन के गठबंधन आई.एन.डी.आई.ए. पिछला कई दिन से कांग्रेस से नाराजगी जतावत पश्चिम बंगाल के सीएम आ तृणमूल कांग्रेस अध्यक्ष ममता बनर्जी एलान कइले बाड़ी कि पश्चिम बंगाल के सगरी सीट पs उनुकर पार्टी अकेले चुनाव लड़ी। ममता बनर्जी के कहनाम बा कि पश्चिम बंगाल में तृणमूल कांग्रेस के कांग्रेस से गठबंधन नईखे।

कांग्रेस पार्टी- ममता से हमार कवनो चर्चा नाहीं

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि कांग्रेस पार्टी से हमरा कवनो बतकही ना भइल। हम हमेशा से कहत आइल बानी कि बंगाल में हमनी के अकेले लड़ब जा। देश में का होई एह बात के चिंता नइखे बाकिर हमनी के एगो सेकुलर पार्टी हईं जा। आ बंगाल में हमनी के एकले हाथ भाजपा के हरा देब जा। ममता कहली कि हम भारत गठबंधन के हिस्सा हईं। राहुल गांधी के न्याय यात्रा हमनी के राज्य से गुजर रहल बा लेकिन हमनी के एकरा बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल।

 

 

 

719460cookie-checkI.N.D.I.A के बड़ झटका, बंगाल में अकेले चुनाव लड़ीहें ममता बनर्जी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.