यूपी न्यूज़: वाराणसी में काशी विश्वनाथ मंदिर के लगे मांस के दुकानन पs बड़ कार्रवाई, 26 गो शॉप सील, नाहीं बेच सकिहें मीट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 2, 2024

वाराणसी : यूपी के वाराणसी के काशी विश्वनाथ मंदिर परिसर से बड़ खबर सामने आईल बा। मंदिर के 2 किलोमीटर के इलाका में मांस ना बिकाई। नगर निगम २६ गो मांस के दोकान भी सील

Share

वाराणसी : यूपी के वाराणसी के काशी विश्वनाथ मंदिर परिसर से बड़ खबर सामने आईल बा। मंदिर के 2 किलोमीटर के इलाका में मांस ना बिकाई। नगर निगम २६ गो मांस के दोकान भी सील करवले बा । कार्रवाई करत नगर निगम वाराणसी शहर के बेनियाबाग इलाका के न्यू रोड में 26 गो मांस आ मुर्गी के दुकान बंद कर दिहले बा।

पूरा मामिला का बा?

पिछला महीना नगर निगम सदन से एगो प्रस्ताव पारित भइल रहे जवना में श्री काशी विश्वनाथ मंदिर क्षेत्र से दू किलोमीटर के त्रिज्या में संचालित मांस आ मुर्गी के दुकान बंद करे के आदेश दिहल गइल रहे। ओह पारित संकल्प आदेश के पालन करत पशु चिकित्सा अधिकारी डॉ. अजय प्रताप सिंह पिछला हफ्ता बेनियाबाग आ न्यू रोड इलाका में मांस आ मुर्गी के दुकानन के निरीक्षण कइलन।

निरीक्षण के दौरान पता चलल कि चिन्हित 26 दोकानदार खाद्य सुरक्षा विभाग अवुरी नगर निगम वाराणसी से कवनो आपत्ति तक ना लेले रहले। निरीक्षण के बाद पशु चिकित्सा अधिकारी के ओर से पछिला सप्ताह सभ दोकानदार के दोकान बंद करे के नोटिस जारी कईल गईल। बाकीर फेर से दोकान लगातार चलत रहे। एही क्रम में आजु पशु चिकित्सा अधिकारी के नेतृत्व में अतिक्रमण विभाग आ प्रवर्तन टीम के मदद से बेनियाबाग आ न्यू रोड इलाका के 26 गो दुकान बंद कs दिहल गइल।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.