सीएम आवास से गिरफ्तार भइले बिभव कुमार, स्वाति मालीवाल पs हमला के बा आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: May 18, 2024

  ए समय के बड़ खबर आप सांसद स्वाति मालीवाल पs भईल हमला केस में सोझा आवता। तनी देर पहिले दिल्ली पुलिस के टीम सीएम के आवास पs पहुंचल रहे। एही बीच दिल्ली पुलिस एs

Share

 

ए समय के बड़ खबर आप सांसद स्वाति मालीवाल पs भईल हमला केस में सोझा आवता। तनी देर पहिले दिल्ली पुलिस के टीम सीएम के आवास पs पहुंचल रहे। एही बीच दिल्ली पुलिस एs मामला के मुख्य आरोपी बिभव कुमार के सीएम आवास से गिरफ्तार कs लेले बिया। बता दीं कि स्वाति मालीवाल अरविंद केजरीवाल के पीए बिभव कुमार पs मारपीट अवुरी दुर्व्यवहार के आरोप लगवले बाड़ी। स्वाति मालीवाल भी एs मामला में प्राथमिकी दर्ज करवले बाड़ी। जब से प्राथमिकी दर्ज भईल तब से दिल्ली पुलिस लगातार बिभव कुमार के तलाश में लागल रहे।

दिल्ली पुलिस के इनपुट मिलल रहे

असल में बिभव कुमार के सीएम हाउस में होखे के बारे में दिल्ली पुलिस के पहिलही से इनपुट मिल चुकल रहे। सूचना के बाद एसएचओ सिविल लाइन्स अवुरी अतिरिक्त डीसीपी नॉर्थ समेत पुलिस टीम सीएम आवास पs पहुंचल। जानकारी मिलला के बाद एगो गाड़ी सीएम हाउस पहुंचल। दिल्ली पुलिस के टीम जब सीएम हाउस पहुंचल तs ओहिजा पहिलही से गेट खुलल रहे। एह गाड़ी के गेट पs ना रोकल गइल आ सीधे सीएम हाउस में चल गइल. सीएम हाउस में पहिलही से गाड़ी खातीर मैसेज रहे। एकरा बाद दिल्ली पुलिस के टीम सीधा सीएम हाउस गईल अवुरी ओकरा बाद उहाँ से बिभव कुमार के गिरफ्तार कs लेलस।

साभार- इंडिया tv

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.