Odisha: पुरी में चंदन यात्रा के दौरान भीषण हादसा, पटाखन में विस्‍फोट से झुलसले कईयो श्रद्धालु; कुछ के हालत गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: May 30, 2024

  पुरी चंदन यात्रा : पुरी में भगवान जगन्नाथ के चंदन यात्रा के दौरान बुध के एगो बड़ दुर्घटना भईल। एह दौरान पटाखा में धमाका के चलते बहुत श्रद्धालु जर गईले। पुलिस के कहनाम बा

Share

 

पुरी चंदन यात्रा : पुरी में भगवान जगन्नाथ के चंदन यात्रा के दौरान बुध के एगो बड़ दुर्घटना भईल। एह दौरान पटाखा में धमाका के चलते बहुत श्रद्धालु जर गईले। पुलिस के कहनाम बा कि सभे घाही के जिला मुख्यालय अस्पताल में भर्ती करावल बा। एहमें से कुछ मरीजन के हालत गंभीर बनल बा.

घाही के इलाज के जिम्मेवारी राज्य सरकार ले लिहलस

मुख्यमंत्री नवीन पटनायक ए घटना पs दुख जतवले अवुरी कहले कि उs अपना मुख्य प्रशासनिक सचिव अवुरी जिला प्रशासन के निर्देश देले बाड़े कि घाही लोग के सही इलाज सुनिश्चित कईल जाए। उs कहले कि घाही के खर्चा भी राज्य सरकार मुख्यमंत्री राहत कोष से उठाई।

केंद्रीय मंत्री धर्मेन्द्र प्रधान भी एs घटना पs दुख जतवले

मुख्य प्रशासनिक सचिव आ जिला प्रशासन के निर्देश दिहल गइल बा कि घायल लोग के उचित इलाज सुनिश्चित करे आ व्यवस्था पs नजर राखल जाव. घाही लोग के इलाज के पूरा खर्चा मुख्यमंत्री राहत कोष से उठावल जाई। केंद्रीय मंत्री धर्मेन्द्र प्रधान भी एs घटना पs दुख जतवले।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.