BHU Doctors Strike: बीएचयू अस्पताल में बढ़ल मरीजन के सांसत, सातवां दिन भइल महज 8 ऑपरेशन, 29 भर्ती

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2024

बीएचयू अस्पताल में रेजिडेंट डाक्टरन के हड़ताल बढ़ला के साथे मरीजन के दुर्दशो बढ़ल जाता। हड़ताल के सातवाँ दिन सोमार के दिने ओपीडी खुलल बाकिर कंसल्टेंट आधा से अधिका विभागन तक ना चहुँपले। एकरा चलते

Share

बीएचयू अस्पताल में रेजिडेंट डाक्टरन के हड़ताल बढ़ला के साथे मरीजन के दुर्दशो बढ़ल जाता। हड़ताल के सातवाँ दिन सोमार के दिने ओपीडी खुलल बाकिर कंसल्टेंट आधा से अधिका विभागन तक ना चहुँपले। एकरा चलते ओपीडी के ग्राफो नीचे आ गइल। इहाँ सोमवार के मात्र आठ ऑपरेशन भइल। एकरा संगे-संगे 29 मरीज के भर्ती करावल गइल। दूर-दूर से आवे वाला मरीज के बिना इलाज के लवटे के पड़ल।

कोलकाता के आरजी कार अस्पताल में महिला डॉक्टर के खिलाफ भइल बर्बरता के विरोध नइखे रुकत। इस्थिति अइसन बा कि रोज वाराणसी अवुरी आसपास के जिला समेत दूर-दराज के जगह से बीएचयू में आवे वाला भारी संख्या में मरीज के इलाज नइखे हो पावत। सोमवार के ओपीडी में मात्र 631 मरीज देखल गइले। जबकि इमरजेंसी में 38 लोग के देखल गइल। एक्स-रे अवुरी अल्ट्रासाउंड के ग्राफो गिर के 50 हो गइल।

इमरजेंसीयो में ना अइले रेजिडेंट, मरीज परेशान

आईएमएस बीएचयू के रेजिडेंट्स ओपीडी आ वार्ड में सेवा नइखम देत। इ लोग रोज आपातकालीन सेवा देवे के बात करतारे, बाकिर सोमवार के दुपहरिया में बीएचयू अवुरी ट्रॉमा सेंटर के आपातकालीन इस्थिति में सिर्फ कुछ रेजिडेंट्स देखाई देले। समय पर डॉक्टर से ना मिलला के चलते इमरजेंसीयो में डॉक्टर से सलाह लेवे वाला मरीज के संख्या में कमी आइल बा।

समय पऽ फार्म काउंटर खुलल, कंसल्टेंट ना पहुंचले 

सोमार के सबेरे से नामांकन काउंटर खुल गइल। बाकिर, जब मरीज पर्चा लेके ओपीडी गइले तऽ शनिवार नियन सोमवार के उहाँ कवनो कंसल्टेंट ना रहले। आधा से अधिका विभागन के ओपीडी खाली रह गइल। एकरा चलते नयका मरीज अवुरी फॉलोअप खातिर आईल मरीज के बिना इलाज के वापस आवे के पड़ल।

आज शहीद उद्यान से निकली सामूहिक विरोध मार्च

कोलकाता के घटना के खिलाफ मंगर के जन विरोध मार्च निकालल जाई। एमें आईएमएस का साथे दोसरा अस्पतालन, मेडिकल कॉलेजन के निवासी लोग का साथे साथ डाक्टर, एडवोकेट, समाजसेवी आ अउरी लोग के शामिल कइल जाई। शहीद उद्यान से शाम 6 बजे जवन रैली रवाना होई उऽ आईपी मॉल चौराहा के रास्ता से भारत माता मंदिर में जाई। इहाँ महिला डाक्टर के श्रद्धांजलि दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.