भोजपुरी आ अवधी अकादमी बनी’, UP विधानसभा में बोललें योगी आदित्यनाथ

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 19, 2025

लखनऊ : उत्तर प्रदेश विधानसभा में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बयान देत कहलें कि हमनी के भोजपुरी, अवधी अकादमी बनाएम सs। सीएम योगी कहलें कि भाषा के लड़ाई चल रहल बा। विपक्ष क्षेत्रीय भाषा के अपमान

Share

भोजपुरी आ अवधी अकादमी बनी’, UP विधानसभा में बोललें योगी आदित्यनाथ

लखनऊ : उत्तर प्रदेश विधानसभा में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बयान देत कहलें कि हमनी के भोजपुरी, अवधी अकादमी बनाएम सs। सीएम योगी कहलें कि भाषा के लड़ाई चल रहल बा। विपक्ष क्षेत्रीय भाषा के अपमान कइलस। हमनी के सरकार भोजपुरी खातिर बोर्ड बना रहल बिया। सीएम योगी कहलें कि अवधी खातिर बोर्ड बनावल जा रहल बा। विपक्ष हर अच्छा काम के विरोध करत बा। विपक्ष के समाज के सामने एक्सपोज करावे के चाहीं।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि समाजवादियन के चरित्र दोगला बा। ई लोग अपना लईकन के इंग्लिश मीडियम में पढ़ावल चाहत बानी। सीएम योगी कहलें कि आमजन के लईका के कहेला लो कि उर्दू पढs। ई लेाग लईकन के मौलवी बनावल चाहत बा। रउआ के बता दीं कि विधानसभा में उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि उत्तर प्रदेश के अलग-अलग बोलियन भोजपुरी, अवधी, ब्रज आ बुंदेलखंडी को एह सदन में सम्मान मिल रहल बा आ हमनी के सरकार एह सब खातिर अलग-अलग अकादमियन के बनावे के प्रक्रिया के आगे बढ़ा रहल बिया। सदन खाली सुद्ध साहित्यिक आ व्याकरण के विद्वानन खातिर नइखें।

सीएम योगी कहलें कि जदि केहू हिंदी में धाराप्रवाह नइखे बोल सकत, तs ओकरा भोजपुरी, अवधी, ब्रज भा बुंदेलखंडी में आपन बात रखे के अधिकार मिले के चाहीं। ई का बात भइल कि केहू भोजपुरी भा अवधी ना बोले आ उर्दू के वकालत करे? ई बहुते विचित्र बात बा। समाजवादियन के चरित्र एतना दोहरा हो गइल बा कि ऊ अपना लईकन के अंग्रेजी पब्लिक स्कूल में भेजी लो आ दूसरन के लईकन के गांव के सरकारी स्कूल में पढ़े के सलाह दी लो जहां संसाधनो नइखे। रउआ के बता दीं कि उत्तर प्रदेश विधानसभा के बजट सत्र आज से सुरू होई। राज्यपाल के अभिभाषण के दौरान विपक्ष हंगामा कइलस। विधानसभा में सपा विधायक नारेबाजी कइल लो।

Read Also: Gyanesh Kumar: मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार संभरलें पदभार, 26 जनवरी 2029 तक रही कार्यकाल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.