भोजपुरी एक्टर पवन सिंह के ऐलान, ‘ माई से कइल वादा पूरा करे खातिर चुनाव लड़ब’

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 13, 2024

Pawan Singh: अब एक्टर एक बार फेर से ऐलान कइले बाड़े कि उऽ चुनाव लड़िहें । बता दी कि पवन सिंह ए बात के खुलासा नइखन कइले कि उऽ आसनसोल से चुनाव लड़िहें भा कवनो

Share

Pawan Singh: अब एक्टर एक बार फेर से ऐलान कइले बाड़े कि उऽ चुनाव लड़िहें । बता दी कि पवन सिंह ए बात के खुलासा नइखन कइले कि उऽ आसनसोल से चुनाव लड़िहें भा कवनो दोसर सीट से।

भोजपुरी एक्टर आ सिंगर पवन सिंह लोकसभा चुनाव 2024 लड़े के ऐलान कर देले बाड़े। बता दी कि भाजपा पवन सिंह के पश्चिम बंगाल के आसनसोल सीट से टिकट देले रहें। बाकिर पवन सिंह कवनो कारण वश चुनाव ना लड़ पावे के बात कहले रहलें। आसनसोल सीट से पवन सिंह के नाम के घोषणा भइला के बाद विपक्षी कुल दल भाजपा के आलोचना शुरू कर देले रहीं सन। हालांकि, अब एक्टर एक बार फेर से ऐलान कइले बाड़े कि उऽ चुनाव लड़िहें।

का कहले हऽ पवन सिंह

पवन सिंह पश्चिम बंगाल के आसनसोल सीट से टिकट मिलला के बावजूद चुनाव लड़े से मना कर देले रहलें। हालांकि, अब उऽ X पर ट्वीट कइले बाड़े – हम आपन समाज, जनता जनार्दन आ माई से कइल वादा पूरा करे खातिर चुनाव लड़ब।रऊआ सभे के आशीर्वाद आ सहयोग अपेक्षित बा।जय माता दी।

जेपी नड्डा से मिलल रहलें पवन सिंह

पवन सिंह कूछे दिन पहिले भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा से मुलाकात कइले रहलें। मुलाकात के बाद एक्टर कहले रहलें कि हम पार्टी अध्यक्ष से बात कइनी। भविष्य में जवन होई अच्छा होई। जब पवन सिंह से ई सवाल कइल गइल कि का उऽ आगामी लोकसभा चुनाव लड़िहें ? एपर उऽ कहले रहलें कि ई तऽ समय बताई। जदि अइसन कुछ होई तऽ हम रऊआ सभे मे साझा करब।

पहिले काहें कइले रहलें इनकार?

पवन सिंह साफ-साफ ना बतवले रहलें कि उऽ आसनसोल से टिकट मिलला के बादो चुनाव लड़े से इनकार काहें कइले रहलें। माना जा रहल बा कि उनकर विवादित गानन के वजह से उनकर विरोध कइल जात रहें। बता दी कि आसनसोल सीट पऽ प्रवासी लोगन के संख्या अच्छा खासा बा। अबहीं सीट से तृणमूल कांग्रेस के नेता शत्रुघ्न सिन्हा सांसद आ अगिला उम्मीदवारो बाड़न।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.