खेसारी लाल यादव का सपा में होंहिहें शामिल? अखिलेश यादव से मुलाकात के बाद लागे लागल अटकल

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 27, 2025

महाशिवरात्रि के शुभ अवसर पs भोजपुरी फिल्म के सुपरस्टार खेसारी लाल बुध के दिने समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादव से भेंट कइलन.  सपा प्रमुख अपना एक्स हैंडल पs खेसारी लाल से मुलाकात के तस्वीर

Share

खेसारी लाल यादव के अखिलेश यादव से मुलाकात

महाशिवरात्रि के शुभ अवसर पs भोजपुरी फिल्म के सुपरस्टार खेसारी लाल बुध के दिने समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादव से भेंट कइलन.  सपा प्रमुख अपना एक्स हैंडल पs खेसारी लाल से मुलाकात के तस्वीर शेयर कईले बाड़े। तस्वीर में दुनु जने हाथ मिलावत लउकत बाड़े.  फोटो में खेसारी मुस्कान देखाई देतारे। 

अखिलेश इs बात खेसारी लाल से मिलला के बाद कहले
अखिलेश यादव एs तस्वीर के इंस्टाग्राम पs पोस्ट करत लिखले कि, “कलाकार में अपना अभिनय के माध्यम से समाज के सही दिशा देखावे के क्षमता होखेला।सत्ता में बईठल लोग के कर्तव्य बा कि उs अभिव्यक्ति के आजादी सुनिश्चित करस।”

अखिलेश यादव के ट्वीट पs खेसारी लाल जवाब देले

सपा प्रमुख के ट्वीट के जवाब देत खेसाली लाल अपना एक्स हैंडल पs लिखले कि, ‘अखिलेश भईया, आपके इs सोच हर कलाकार खातीर प्रेरणा से भरल बा।’ रउरा विचार से हम पूरा तरह से सहमत बानी.  हमनी के सब केहू के कलाकार आ समाज के हित में मिलजुल के काम करे के बा।

बैठक के बाद अटकलबाजी शुरू हो गईल

एह मुलाकात से बहुते राजनीतिक अटकलबाजी पैदा हो गइल बा.  राजनीतिक हलकन में अटकलबाजी शुरू हो गइल बा कि यूपी विधानसभा चुनाव से पहिले भोजपुरी अभिनेता खेसारी लाल समाजवादी पार्टी में शामिल हो जइहें?  हालांकि ई खाली अटकलबाजी हs.  एह बारे में अबे ले सपा अवुरी खेसारी के ओर से आधिकारिक तौर पs कुछूओ नईखे कहल गईल। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ भक्तन के कुल कष्ट दूर करेली गोरखपुर के ‘मां करवल देवी’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.