Bharat Bandh: चिराग पासवान कइले ‘भारत बंद’ के समर्थन, प्रधानमंत्री मोदी के नांव लेके देले बड़ बयान

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 21, 2024

चिराग पासवान आ उनकर लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) भारत बंद के आपन नैतिक समर्थन देले बाड़े। चिराग पासवान भारत बंद के समर्थन के कारण बतवले। उऽ एक्स हैंडल प एगो लमहर पोस्ट लिखले। हाजीपार के

Share

चिराग पासवान आ उनकर लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) भारत बंद के आपन नैतिक समर्थन देले बाड़े। चिराग पासवान भारत बंद के समर्थन के कारण बतवले। उऽ एक्स हैंडल प एगो लमहर पोस्ट लिखले।

हाजीपार के सांसद चिराग पासवान लिखले कि, “अनुसूचित जाति-जनजाति आरक्षण पs सुप्रीम कोर्ट के फैसला के विरोध में अनुसूचित जाति आ जनजाति के पक्ष में शांतिपूर्ण भारत बंद के फैसला के हम आ हमार पार्टी लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) नैतिक रूप से समर्थन करतानी।”

चिराग के मुताबिक समाज के शोषित अउरी वंचित लोग के अधिकार के आवाज बनल उनकर कर्तव्य बा। उऽ लिखले, पार्टी के संस्थापक पद्म भूषण पूज्य रामविलास पासवान जी हमेशा से अनुसूचित जाति आ जनजाति के उत्थान खातिर, सड़क से लेके सदन तक प्रतिबद्ध रहल बाड़े।

‘शोषित के विकास खातिर प्रतिबद्ध एनडीए सरकार’।

उऽ आगे लिखले कि, प्रधानमंत्री के नेतृत्व में केंद्र के एनडीए सरकारो शोषित आ वंचित के विकास खातिर प्रतिबद्ध रहल बिया। हालही में आदरणीय प्रधानमंत्री के अध्यक्षता में केंद्रीय मंत्रिमंडल में फैसला भइल कि आरक्षण के प्रावधान ठीक ओइसने रही जइसन बाबा साहेब डॉ. भीमराव अम्बेडकर तय कइले रहले।

 ‘आरक्षण में छेड़छाड़ ना होई’।

केंद्रीय मंत्री पासवान भरोसा देले कि आरक्षण के संगे कवनो छेड़छाड़ ना होइ। हम आ हमार पार्टी एह फैसला के स्वागत करत बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.