Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत-ऑस्ट्रेलिया के बीचे अंतरिम व्यापार समझौता

पीएम मोदी बोलने- ई हमनी के आपसी विश्वास के दर्शावला

162

भारत-ऑस्ट्रेलिया के बीचे आर्थिक सहयोग के बढ़ावा देवे खातिर शनिवार के आर्थिक सहयोग अउर व्यापार समझौता पर हस्ताक्षर कइल गइल। एह समझौता के तहत ऑस्ट्रेलिया टेक्सटाइल, चमड़ा, आभूषण अउर खेल उत्पाद समेत 95 फीसदी से बेसी सामान खातिर अपने बाजार में सीमा शुल्क मुक्त पहुंच प्रदान करी। एह मौका पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कहने कि, एतना कम समय में एतना महत्वपूर्ण समझौता पर सहमति बनल, दूनों देश के बीचे आपसी विश्वास के दर्शावत बा। ई हमनी के द्विपक्षीय संबंध खातिर बहुते महत्वपूर्ण बा।
पीएम मोदी कहने, “ई रिश्ता भारत-ऑस्ट्रेलिया मित्रता के महत्वपूर्ण स्तंभ बा, ई समझौता हमनी के बीचे छात्र, प्रोफेशनल अउर पर्यटक के देहल-लेहल आसान बनाई जेसे ई संबंध अउर मजबूत होई। ऊ आगे कहने, “हमनी के अर्थव्यवस्था के बीचे एक-दूसरे के आवश्यकता के पूरा कइले के बहुत क्षमता बा, हमके विश्वास बा कि एह समझौता से हम एह अवसर के पूरा लाभ उठा पावल जाई। एह समझौता के आधार पर हम संगे मिल के सप्लाई चेन के लचीलापन बढ़ाने अउर इंडो-पैसिफिक क्षेत्र के स्थिरता में योगदान कs पावल जाई।”

ऑस्ट्रेलियाई प्रधानमंत्री स्कॉट मॉरिसन कहने कि, हमनी के अपने व्यापक, रणनीतिक साझेदारी के घोषणा कइले बा। हमनीके सरकार करीब 282 मिलियन डॉलर के नया पहल के घोषणा कइल बा। ई हमनी के बीचे विस्तृत सहयोग के बढ़ावा देई।

235130cookie-checkभारत-ऑस्ट्रेलिया के बीचे अंतरिम व्यापार समझौता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.