शाहरुख खान के ‘भक्षक’ में पत्रकार बन के भूमि पेडनेकर क‌इली धमाका, एह दिने होई रिलीज

By Shweta Supriya

Published on: Jan 19, 2024

भूमि पेडनेकर काफी समय से आपन अपकमिंग प्रोजेक्ट ‘भक्षक’ के लेकर सुर्खियन मे बाटी। ‘थैंक यू फॉर कमिंग’ के रिलीज के बादे अबे एक्ट्रेस नेटफ्लिक्स के अपकमिंग क्राइम ड्रामा ‘भक्षक’ से धमाका करे के खातीर

Share

भूमि पेडनेकर काफी समय से आपन अपकमिंग प्रोजेक्ट ‘भक्षक’ के लेकर सुर्खियन मे बाटी। ‘थैंक यू फॉर कमिंग’ के रिलीज के बादे अबे एक्ट्रेस नेटफ्लिक्स के अपकमिंग क्राइम ड्रामा ‘भक्षक’ से धमाका करे के खातीर पूरा तरह तइयार बाटी। अबे एक्ट्रेस के सच्चा घटना से प्रेरित ए फिल्म के टीजर आजु रिलीज हो चुकल बा। फिल्म ‘थैंक्यू फॉर कमिंग’ के बादे एक्ट्रेस बिल्कुले अलगे अवतार में नजर आवे वाली बाड़ी। एमें उ इन्वेस्टिगेटिव जर्नलिस्ट के रोल प्ले करत दिखाई देत बाड़ी। सोशल मीडिया पs ‘भक्षक’ के टीजर तेजी से वायरल होत बा जोन के लोगन के बहुते पसंद आवत बा।

भक्षक के टीजर

‘भक्षक’ के मेकर्स बीयफ़ें के फिल्म के टीजर जारी भइल , जेकरी दर्शकन के शानदार रिस्पॉन्स मिलत बा। ए टीजर में देखेक के मिले ला कि एक गो महिला के न्याय प‌वले के जर्नी के कहानी क‌इसन होला। वैशाली सिंह के रूपे में भूमि पेडनेकर एक गो इनवेस्टिगेटिव जर्नलिस्ट के रोले में धमाका करे वाली बाटी जोन होत रहे अपराधन के सामने लेआवल चाहत ह‌ई। हालांकि टीजर में ढेर कुछु नाहीं बतावल ग‌इल बा, लेकिन एमें भूमि बहुते अलगे अंदाज में नजर आवे वाली बाड़ी।

भक्षक ए दिने होई रिलीज

‘भक्षक’ 9 फरवरी के नेटफ्लिक्स पs रिलीज होई। रेड चिलीज एंटरटेनमेंट, शाहरुख खान के प्रोडक्शन हाउस हs। किंग खान के आखिरी बेर एटली के ‘जवान’ आ राजकुमार हिरानी के ‘डंकी’ में देखल ग‌इल रहे। ‘भक्षक’ ए साल ए बैनर के पहिला डिजिटल रिलीज हो‌ई। एकर आखिरी डिजिटल आउटपुट जसमीत के रीन के 2022 के डार्क कॉमेडी ‘डार्लिंग्स’ रहल, जेमें आलिया भट्ट रहली।

भक्षक के स्टार कास्ट

ई अपकमिंग क्राइम ड्रामा ‘भक्षक’ सच्चा घटना से प्रेरित बा, जेकर प्रीमियर नेटफ्लिक्स इंडिया पs होई। ई रेड चिलीज एंटरटेनमेंट के प्रस्तुति हs, जेकर निर्माता गौरी खान आ गौरव वर्मा हउए। फिल्म के निर्देशन पुलकित क‌इले हs । भूमि के अलगे फिल्म में संजय मिश्रा, आदित्य श्रीवास्तव आ साई ताम्हणकर ज‌इसन सितारे मुख्य भूमिका में बांटे।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.