गोरखपुर: गाछ से लटकल मिलल जुवक के लाश

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 23, 2022

गोरखपुर– गोरखपुर के बेलीपार से एगो दुखद खबर आ रहल बा। बुध के भोरे 24 बरिस के एगो नवहा के लाश गाछ का सहारे लटकल मिलल। सूचना मिलला पs पुलिस पहुँचल आ मृतक के नीचे

Share

गोरखपुर– गोरखपुर के बेलीपार से एगो दुखद खबर आ रहल बा। बुध के भोरे 24 बरिस के एगो नवहा के लाश गाछ का सहारे लटकल मिलल। सूचना मिलला पs पुलिस पहुँचल आ मृतक के नीचे उतरवा के पोस्टमार्टम ला भेज देलस।

पुलिस के मोताबिक सुरूआती जाँच में मामला सुसाइड के बा। बाकिर अभी जाँच कइल जा रहल बा आ पोस्टमार्ट्म के बादे असलियत पाता लागी।

 

बईर के गाछ से लटकल रहल शव

बेलीपार के जंगल दीर्घन सिंह के रहनिहार 24 बरिस के अभिषेक विश्वकर्मा उर्फ गोलु के लाश ताल नंदौर में बसुंधरा सिटी के लगे बईर के गाछ पs लटकत मिलल। लाश के मिलला से इलाका में सनसनी फइल गइल। ओने गांव के लोगन के बिस्वास नइखे हो पावत कि अभिषेक आत्मह्त्या कs सकेला। ओकर लाश रस्सी से लटकल रहल हs। जवना जगे शव मिलल बा उ ओक्रा घर से एक किलोमीटर फरका बा।

 

रात 3 बजे ले जागत रहे जुवक 

घर के लोगन के मोताबिक जुवक मंगर के रात 3 बजे ले जागत रहे आ कवनो जुवती से बतियात रहे। एकरा बाद ऊ कब घर से बहरी निकलल केहु के पाता नइखे। भोरे सौच करे गइल लोग गाछ से लटकल लाश के देखल आ पुलिस के खबर कइल। पुलिस लाश के उतारल तs ओकर पहिचान अभिषेक का रूप में भइल।अभी चारे दिन पहिले बहिन के बियाह भइल रहे। एह घटना के बाद समूचा परिवार के खुशी गम में बदल गइल।

जुवक के लाश गाछ से लटकत मिलल बा। पहिला नजर में आत्मह्त्या लाग रहल बा। पोस्टमार्ट्म के बाद असलियत पाता लागी।

– दिलीप पाण्डेय (एसओ बेलीपार)  

साभार- भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.