Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

beauty tips: रोज दूध पाउडर त्वचा पे लगावे से इ चार बड़ फायदा होई

रउरा दूध पाउडर के इस्तेमाल सिर्फ अपना रसोई में जरूर करत होखब। लेकिन जदी आप एकरा के अपना त्वचा पे लगाईब त एकरा से आपके बहुत फायदा मिल सकता।

252

beauty tips: रोज दूध पाउडर त्वचा पे लगावे से इ चार बड़ फायदा होई

रउरा दूध पाउडर के इस्तेमाल सिर्फ अपना रसोई में जरूर करत होखब। लेकिन जदी आप एकरा के अपना त्वचा पे लगाईब त एकरा से आपके बहुत फायदा मिल सकता।

दूध में लैक्टिक एसिड होला, जवन कि त्वचा के पोषण अउरी नमी देवे में मदद करेला। अब तक हमनी के सिर्फ कच्चा दूध अपना त्वचा पे लगावेनी। लेकिन दूध पाउडर आपके त्वचा खातीर ओतने फायदेमंद बा। एकरा मदद से आप बहुत अलग-अलग पैक बना के अपना त्वचा पे लगा सकतानी अउरी अपना त्वचा के अउरी चिकना बना सकतानी। आईं जानल जाव कि हमनी के स्किन पे दूध पाउडर से का फायदा होला-

 

हल्का एक्सफोलिएटिंग में मदद करेला

दूध के पाउडर हल्का एक्सफोलिएटर के काम करेला। इ आपके त्वचा के अउरी सम टोन, साफ अउरी चमकदार बनावेला। अगर आप अपना त्वचा के प्राकृतिक तरीका से अउरी चिकना बनावल चाहतानी त आपके त्वचा पे दूध के पाउडर लगावे के चाही।

 

त्वचा के यूथफुल बनावेला

अगर आप अपना त्वचा के लंबा समय तक अउरी जवान अउरी युवा बनावल चाहतानी त दूध पाउडर के इस्तेमाल निश्चित तौर पे आपके खातीर बहुत निमन होई। असल में दूध के पाउडर कोलेजन के उत्पादन बढ़ावे में मदद करेला। जवना के चलते आपके त्वचा जादा समय तक जवान देखाई देता। इ आपके त्वचा के लोच में सुधार करेला, जवना के चलते आपके त्वचा पे प्राकृतिक चमक बनल रहेला।

 

त्वचा के मॉइश्चराइज़ होला

अगर आपके त्वचा सूखल बा अउरी आप ओकरा के प्राकृतिक तरीका से मॉइस्चराइज कईल चाहतानी त दूध पाउडर के इस्तेमाल पे विचार करीं। दूध के पाउडर आपके सुस्त अउरी क्षतिग्रस्त त्वचा के हटावे में मददगार हो सकता। जब रउआ एकर लगातार इस्तेमाल करीं त एकरा से त्वचा बेबी-सॉफ्ट हो जाला।

 

त्वचा के लाइटन कर देला

हमनी के सभे के कवनो ना कवनो समय तन अउरी असमान त्वचा के रंग के समस्या के सामना करे के पड़ेला। लेकिन जदी आप ए चीज़ के प्राकृतिक तरीका से संभाले के चाहतानी त त्वचा पे दूध पाउडर से बनल फेस पैक लगावे के चाही। जब आप एकर इस्तेमाल अपना त्वचा पे करीं त धीरे-धीरे आपके त्वचा हल्का अउरी चमकदार देखाई देवेला। दूध में मौजूद लैक्टिक एसिड त्वचा के अउरी चमकदार बनावे में मदद करेला।

 

त अब आप हु अपना त्वचा पे दूध पाउडर लगाई अउरी ओकरा से अपना त्वचा के अउरी सुंदर बनाई।

479430cookie-checkbeauty tips: रोज दूध पाउडर त्वचा पे लगावे से इ चार बड़ फायदा होई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.