Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Politics: लालू यादव बेमार नीतीश कुमार से मुलाकात कs के जनलें हाल, विपक्षी एकता के मीटिंगो पs भइल चरचा 

Bihar Politics: 23 जून के होखे वाली विपक्षी एकता के मीटिंग के लेकर बिहार के राजनीति बहुते गरम बा। एही बीच आरजेडी सुप्रीमो लालू यादव बुध के नीतीश कुमार से उनका आवास पs जाके मुलाकात कइलें। मिलल जानकारी के मोताबिक आरजेडी नेता बेमार चल रहल नीतीश कुमार से मिलका उनका स्वास्थ के बारे में जानकारी लेलें।

606

23 जून के होखे वाली विपक्षी एकता के मीटिंग के लेके बिहार के राजनीति बहुते गरम बा। एही बीच आरजेडी सुप्रीमो लालू यादव बुध के नीतीश कुमार से उनका आवास पs जाके मुलाकात कइलें बाड़ें। मिलल जानकारी के मोताबिक, आरजेडी नेता बेमार चल रहल नीतीश कुमार से मिलके उनका स्वास्थ के बारे में जानकारी लेलें।

विपक्षी एकता के मीटिंग पs भइल चरचा 

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार एह दिनन बेमार चल रहल बाड़ें। बेमार होखे के कारण उनका तमिलनाडु के आपन यात्रा के रद्द करे के पड़ल। एह मुलाकात में दुनो नेता लोगन के बीच 23 जून के होखे वाली विपक्षी एकता मीटिंग के लेके चरचो भइल बा।

विपक्षी एकता के का होई मूलमंत्र

विपक्षी एकता के लेके नीतीश आ तेजस्वी यादव दुनों बहुते आशान्वित बा। देस के बिखरल पड़ल विपक्षी दलन के एगो प्लेटफॉर्म पs ले आवे में लगभग सफल दिखाई दे रहल बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आ उनकर सेनापति तेजस्वी यादव 2024 के लोकसभा चुनावन खातिर एगो अलग तरे के रणनीति पs काम कर रहल बा लो। अबकी बार ऊ लोग 2019 के चुनावन के विपक्षी दलन के गलती के दोबारा ना दोहराई लो।

का बोललें तेजस्वी

बुध के पत्रकारन से बात करत तेजस्वी यादव कहलें कि 2024 के चुनाव कवनो व्यक्ति विशेष के खिलाफ ना बलुक ओह मुद्दन पs लड़ल जाई, जवन जनता खातिर जरूरी बा। विपक्षी दलन द्वारा 2019 के चुनावन में मिलल हार के सर्वेक्षण कइला पs इहे निष्कर्ष निकलल रहे कि मोदी के जगह जनता के मुद्दन पs चुनाव लड़ल गइल रहित तs बेहतर परिणाम हासिल कइल जा सकत रहे।

574220cookie-checkBihar Politics: लालू यादव बेमार नीतीश कुमार से मुलाकात कs के जनलें हाल, विपक्षी एकता के मीटिंगो पs भइल चरचा 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.