बरेली: ‘हिंदू धर्म के प्रचार इहां नाहीं’, मिशनरी स्कूल में कैंची से कटवलस छात्रन के राखी, हंगामा 

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 31, 2023

  उत्तर प्रदेश के बरेली के एगो मिशनरी स्कूल में विद्यार्थियन के हाथ से राखी काटे के मामिला सामने आइल बा। घटना के बाद छात्र अवुरी हिन्दू संगठन के अभिभावक स्कूल पहुंच के हंगामा मचवले।

Share

 

उत्तर प्रदेश के बरेली के एगो मिशनरी स्कूल में विद्यार्थियन के हाथ से राखी काटे के मामिला सामने आइल बा। घटना के बाद छात्र अवुरी हिन्दू संगठन के अभिभावक स्कूल पहुंच के हंगामा मचवले। हिन्दू संगठन एह स्कूल पs धार्मिक भावना से खेले के आरोप लगवले बाड़े।

जानकारी के मुताबिक मामला बरेली के आंवला थाना क्षेत्र के भमोरा रोड में स्थित होली फैमिली कन्वेंट स्कूल के ह। इहां छात्रा राखी पहिन के स्कूल पहुंचले। जवना के बाद एगो शिक्षक विरोध कईले अवुरी छात्र के हाथ से राखी अवुरी कलावा निकालवा देले। उनकर राखी आ कलावा कैंची से काटल गइल रहे। एकरा बारे में जानकारी मिलते हिन्दू संगठन स्कूल में पहुंच के हंगामा मचवले। मामिला के जानकारी मिलला पs पुलिस मउका पs पहुंच के स्कूल प्रबंधन से माफी मंगलस।

स्कूल में पढ़े वाला छात्र के अभिभावक के कहनाम बा कि राखी के हटावे के बारे में जानला के बाद हिन्दू संगठन के लोग के संगे बहुत अभिभावक स्कूल पहुंचले। जब उ लोग विरोध कईले त स्कूल प्रबंधन गलती के मान लिहलस अवुरी भविष्य में अयीसन गलती ना करे के लिखित भरोसा देले। एकरा बाद आखिरकार हिन्दू संगठन स्कूल के लईकिन से स्कूल के स्टाफ के राखी बांधवा देले। एगो छात्रा के अभिभावक बतवले कि रक्षाबंधन खातीर राखी कैंची से काटल गईल रहे। विद्यार्थियन के कहल गइल कि एहिजा (स्कूल में) हिन्दू धर्म के प्रचार ना होई।

स्कूल माफी माँग लिखले बा – ई गलती भविष्य में दोहरावल ना जाई

एगो अवुरी अभिभावक के कहनाम बा कि स्कूल के ए कार्रवाई से हिन्दू भावना के चोट पहुंचल बा। उ लोग एकर कड़ा विरोध करतारे, अभिभावक के विरोध के बाद स्कूल प्रशासन मान लेले बा कि उ लोग से गलती भईल बा अवुरी भविष्य में अयीसन कवनो गलती ना होई। एकर माफी पत्र स्कूल के सभ हिन्दू संगठन अवुरी स्कूल के छात्र के सोझा स्कूल के मुहर के संगे जारी क दिहल गईल बा।

साभार- आज तक

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.