Chile Earthquake : चिली में 6.9 तीव्रता के जोरदार भूकंप, केहू के जानमाल के नुकसान ना, सुनामी के खतरा टलल 

By Anurag Ranjan

Published on: May 26, 2026

नई दिल्ली। चिली के उत्तरी इलाका में सोमार के 6.9 तीव्रता के जोरदार भूकंप आइल। अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण (यूएसजीएस) के मोताबिक, एह भूकंप के केंद्र अटाकामा रेगिस्तान में कलामा शहर से करीब 31 किलोमीटर दूर

Share

नई दिल्ली। चिली के उत्तरी इलाका में सोमार के 6.9 तीव्रता के जोरदार भूकंप आइल। अमेरिकी भूवैज्ञानिक सर्वेक्षण (यूएसजीएस) के मोताबिक, एह भूकंप के केंद्र अटाकामा रेगिस्तान में कलामा शहर से करीब 31 किलोमीटर दूर जमीन के भीतर लगभग 100 किलोमीटर गहराई में रहे।

हालांकि भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल, बाकिर अभी ले कहीं से कवनो आदमी के मौत भा भारी नुकसान के खबर सामने नइखे आइल। चिली विश्वविद्यालय के राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र बतवलस कि ई भूकंप स्थानीय समय अनुसार सांझ 5:52 बजे आइल रहे। एकर केंद्र कैलामा शहर से लगभग 12 किलोमीटर दक्षिण दिशा में रहे।

एह बीच चिली के राष्ट्रीय आपदा निवारण आ प्रतिक्रिया सेवा साफ कहले बा कि सुनामी के कवनो खतरा नइखे। संगही कवनो आदमी के घायल होखे भा गंभीर नुकसान के रिपोर्ट नइखे मिलल।

जानकारी खातिर बता दीं कि चिली दुनिया के सबसे जादे भूकंप प्रभावित देशन में गिनल जाला। इहां 7.0 से कम तीव्रता वाला भूकंप आम बात मानल जाला, एह चलते स्थानीय लोग एतना जादे ना घबराला।

विशेषज्ञन के मोताबिक, चिली के नीचे नाजका प्लेट, दक्षिण अमेरिकी प्लेट आ अंटार्कटिक प्लेट एक-दूसरा से मिलेली स s, जवना चलते एह इलाका में अक्सर भूकंप आवत रहेला।

साल 1960 में चिली के दक्षिणी शहर वाल्दिविया में 9.5 तीव्रता के विनाशकारी भूकंप आइल रहे। एह दौरान भारी तबाही मचल रहे आ करीब 9,500 लोगन के जान चल गइल रहे। ओकरा बाद 2010 में चिली में 8.8 तीव्रता के भूकंप आइल, जवना में 520 से अधिक लोगन के मौत हो गइल रहे।

Read Also: https://khabarbhojpuri.com/26th-may-2026-rashifal/

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.