Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चौका के दुलमी घाटी में घवाहिल पड़ल रहे लो तीन गो नवहा, मंत्री बन्ना गुप्ता एंबुलेंस बोला के भेजले अस्पताल

150
सीवान इन्शुरेंस 720 90

CHANDIL: चौका के दुलमी घाटी में बुध के भोरे प्लसर मोटरसाइकिल आ ट्रेलर के भिड़ गइला से तीन गो नवहा गंभीर रूप से घवाहिल हो गइल लो। एह दुर्घटना का बाद घवाहिल हालत में तीनों जुवक सड़क पs पड़ल रहे लो, तबे जमशेदपुर से रांची जात स्वास्थ मंत्री बन्ना गुप्ता के काफिला ओहिजा पहुंचल। सड़क पs घायलन के देख के मंत्री गाड़ी से उतरले आ तीनों नवहन के इस्तिथी देखले। एकरा बाद ऊ 108 नंबर पs फोन कs के तुरंते एंबुलेंस बोलवले आ घायलन के इलाज ला अस्पताल भेजववले। एकरा बाद मंत्री स्थानीय थाना के फोन कs के गस्ती दल के एह संबंध में ममिला दर्ज कs के जरूरी कारवाई करे के निरदेस देले। मंत्री कहले कि एह लो के नाव पाता कs के परिवार के सूचना देहल जाव। समाचार लिखल जात घरी ले घायलन के नाव पाता का बारे में जानकारी ना मिल सकल रहे। बाक़िर एगो घायल के नाव रथू लोहार बतावल गइल बा, जवन लपांग के रहे आला बा।

 

चौका कावर सेआवत रहे लो बाइक सवार जुवक

मिलल जानकारी के मोताबिक बाईक संख्या JH05AE-8109 पs सावरा जुवक चौका कावर से आवत रहे लो। एही बीचे दुलमी घाटी के लगे नरसिंह इस्पात का लगे सड़क पs दोसरा से साइड से आवत ट्रेलर संख्या NL01G-3401 से सीधा टकरा गइल लो। खून से लसराइल तीनों नवहा सड़क पs तड़पत रहे लो, एही बीचे विधानसभा सत्र के हिस्सा लेवे जमशेदपुर से रांची जा रहल स्वास्थ मंत्री बन्ना गुप्ता के काफिला जात रहे।

 

घायलन के इस्तिथी पs नजर बना के रखले बाड़े मंत्री 

Middle Yayawari

मंत्री बना गुप्ता बतवले कि ऊ विधानसभा के सत्र में शामिल होखे ला बुध के भोरे जमशेदपुर से रांची जात रहले हs। तबे ऊ दुलमी घाटी  में गंभीर तरे घायल खून से लसराइल तीन गो नवहन के सड़क पs पड़ल देखले। ओह लो के ट्रेलर से टक्कर हो गइल रहे। मंत्री बनवले कि तुरंत घायलन के अस्पताल भेजववले संगही सराय केला के सिविल सर्जन आ बकिये पदाधिकारियन के एह घटना के सूचना देत तीनों घायलन के निमन से इलाज करे के निरदेस  देले। मंत्री तीनों नवहन के कुशलता के कामना कइले बाड़े। रांची गइला के बादो मंत्री नवहन के इस्तिथी पs नजर बनवले बाड़े आ डाक्टर लो से घायलन के बारे में जानकारी देत रहे के कहले बाड़े।

223450cookie-checkचौका के दुलमी घाटी में घवाहिल पड़ल रहे लो तीन गो नवहा, मंत्री बन्ना गुप्ता एंबुलेंस बोला के भेजले अस्पताल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.