Manipur Violence : मणिपुर में असम राइफल्स कैंप पs भीड़ के हमला, तीन गो वाहन फूंकल गइल, तलाशी अभियान के बाद बढ़ल तनाव

Manipur Violence – Mob Attacks Assam Rifles Camp in Senapati

Share

Manipur Violence : मणिपुर के सेनापति जिला में मंगर के रात असम राइफल्स के कैंप पs हिंसक भीड़ हमला कs देलस। भीड़ कैंप पs पथराव कइलस, तोड़फोड़ मचवलस आ सुरक्षा बल के तीन गो वाहन में आग लगा देलस। घटना के बाद इलाका में सुरक्षा बेवस्था आउर कड़ा कs दिहल गइल बा। अधिकारियन के माेताबिक, ई बवाल तलाशी अभियान के कुछ घंटा बाद भड़कल।

खुफिया सूचना पs चलावल गइल तलाशी अभियान

रक्षा जनसंपर्क अधिकारी (PRO) के अनुसार, असम राइफल्स के विश्वसनीय खुफिया सूचना मिलल रहे कि माकुइलोंगदी इलाका में कुछ हथियारबंद उग्रवादी मवजूद बाड़ें सs। एह सूचना के आधार पs सुरक्षाबल गश्त आ तलाशी अभियान सुरू कइलस।

अधिकारियन के कहनाम बा कि कुछ उग्रवादी निर्धारित कैंप से बाहर हथियार आ वर्दी के संगे घूमत देखल गइल रहलें। एह गतिविधि के संघर्षविराम (Ceasefire) नियम के उल्लंघन मानल गइल आ एह संबंध में सीजफायर मॉनिटरिंग ग्रुप (CFMG) के जानकारी दिहल गइल।

ग्रामीण लोग अभियान रोके के कोसिस

तलाशी अभियान के दौरान जब असम राइफल्स के जवान माकुइलोंगदी आ ओकलोंग गांव तरफ बढ़त रहे लोग, तब स्थानीय लोग, जवना में काफी संख्या में महिला लोग सामिल रहे, जवानन के आगे बढ़े से रोके के कोसिस कइलस। एहसे इलाका में तनाव बढ़ गइल।

रात में कैंप पs भइल हमला

अधिकारियन के मोताबिक, रात करीब नव बजे सूचना मिलल कि सेनापति शहर में बड़ संख्या में लोग जुट रहल बा आ असम राइफल्स कैंप तरफ बढ़े के तइयारी करत बा। सुरक्षाबल तलाशी अभियान से वापस लवट आइल लोग। करीब 9:30 बजे भीड़ कैंप पs पहुंच के पथराव सुरू कs देलस। हमलावर लोग कैंप के संपत्ति के नुकसान पहुंचवलस आ आगजनी के कोसिस कइलस।

हिंसा के दौरान असम राइफल्स के एगो हल्का वाहन जर गइल, जबकि दू गो ट्रक पलट के क्षतिग्रस्त कs दिहल गइल। एह बवाल में एगो नागरिक के निजी कार आग के चपेट में आ गइल।

हालात बिगड़ला पs असम राइफल्स, मणिपुर पुलिस आ सीआरपीएफ मिलके भीड़ के नियंत्रित करे खातिर न्यूनतम बल के इस्तेमाल कइलस। बाद में अतिरिक्त सुरक्षाबल तैनात कइल गइल, तब जाके इस्थिति पs काबू पावल गइल।

फिलहाल पूरा ममिला के जांच जारी बा आ सेनापति जिला में सुरक्षा बेवस्था आउर मजबूत कs दिहल गइल बा।

Read Also: Allahabad High Court : 2021 से पहिले फ्रोजन भ्रूण रखवावे वाला दंपती पs सरोगेसी में उमिर सीमा लागू ना होई, हाईकोर्ट के बड़ फैसला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-