बांग्लादेश के सांसद के कोलकाता में हत्या, 12 मई के इलाज खातीर आइल रहले भारत, मचल हड़कंप

By Anurag Ranjan

Published on: May 22, 2024

  पश्चिम बंगाल के कोलकाता से एगो चौंकावे वाला खबर सामने आइल बा. इहाँ एगो बांग्लादेशी सांसद के हत्या हो चुकल बा। बांग्लादेश के सांसद के पहचान अनवारुल अजीम के रूप में भईल बा। खबर

Share

 

पश्चिम बंगाल के कोलकाता से एगो चौंकावे वाला खबर सामने आइल बा. इहाँ एगो बांग्लादेशी सांसद के हत्या हो चुकल बा। बांग्लादेश के सांसद के पहचान अनवारुल अजीम के रूप में भईल बा। खबर लिखे के समय ले अनवारुल के शव बरामद नईखे भईल।

पूरा मामिला का बा?

बांग्लादेश के एह सांसद के हत्या कोलकाता के न्यू टाउन इलाका के एगो हाईराइज बिल्डिंग में एगो फ्लैट में हो गइल. एह फ्लैट में बहुत खून के दाग भी मिलल। हालांकि अबे ले लाश के बरामदगी नईखे भईल। पुलिस लाश के तलाश में जुटल बिया।

एह मामिला में बांग्लादेश में दू जने के हिरासत में लिहल गइल बा. आशंका बा कि इs दुनो लोग हत्या कs के बांग्लादेश भाग गईले। हालांकि एs घटना के बहुत विस्तृत जानकारी अबे ले नईखे आईल।

बांग्लादेश के गृहमंत्री के बयान सामने आईल

एs मामिला में बांग्लादेश के गृहमंत्री असदुज्जमां खान कमल के बयान सोझा आईल बा। उs एगो प्रेस कांफ्रेंस में जानकारी देले कि, ‘भारत पुलिस आज सबेरे बांग्लादेश पुलिस के सूचित कईलस कि सांसद अनवारुल अजीम के हत्या हो गईल बा।’

मिलल जानकारी के मुताबिक सांसद अनवारुल अजीम 12 मई के इलाज खातीर भारत आईल रहले, लेकिन दु दिन बाद लापता हो गईले। बांग्लादेश सरकार भी अपना सांसद के पता लगावे खातिर भारत सरकार से मदद मंगले रहे। 19 मई के मुजफ्फरपुर के बाद उनुकर फोन बंद हो गईल रहे। पीएमओ एकरा खोज में बांग्लादेश सरकार आ भारतीय एजेंसियन से संपर्क में रहुवे. एह मामिला में सोना तस्कर आ बंगाल के गुंडा के भूमिका पs आशंका बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.