सिद्धिविनायक मंदिर: नारियल आ माला चढ़वले पs लागल रोक… भारत-पाक तनाव के बीच मुंबई के सिद्धिविनायक मंदिर के बड़ फैसला

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2025

भारत के हमला से कुंठित पाकिस्तान लगातार कई गो हिन्दू मंदिरन के निशाना बनावत बा. पंजाब के जम्मू कश्मीर आ गुरुद्वारा के मंदिरन पs गोलाबारी के हमला के खबर बा. अयीसना में मुंबई के मशहूर

Share

सिद्धिविनायक मंदिर

भारत के हमला से कुंठित पाकिस्तान लगातार कई गो हिन्दू मंदिरन के निशाना बनावत बा. पंजाब के जम्मू कश्मीर आ गुरुद्वारा के मंदिरन पs गोलाबारी के हमला के खबर बा. अयीसना में मुंबई के मशहूर सिद्धिविनायक मंदिर के सुरक्षा भी कड़ा कs दिहल गईल बा।

सिद्धिविनायक मंदिर के प्रशासन शुक के आदेश जारी कs कहलस कि मंदिर में नारियल अवुरी फूल के माला के प्रसाद के रूप में ना चढ़ावल जाई।

मंदिर आतंकियन के निशाना पs रहल बा

मुंबई के प्रभादेवी मंदिर में स्थित सिद्धिविनायक मंदिर में भगवान गणेश के पूजा होला। सिद्धिविनायक मंदिर मुंबई के मशहूर जगहन में से एगो ह। रोज हजारों श्रद्धालु सिद्धिविनायक मंदिर में जाके नमन करेले। भारी भीड़ के चलते इस मंदिर अक्सर आतंकी के हिट लिस्ट में रहल बा।

मंदिर ट्रस्ट के घोषणा

श्री सिद्धिविनायक गणपति मंदिर ट्रस्ट के अध्यक्ष सदा सरवांकर मुंबई के वरिष्ठ अधिकारी लोग के साथे भइल बइठक में ई फैसला कइले बाड़े। ट्रस्ट घोषणा कइले बा कि 11 मई से नारियल आ माला प्रसाद के मंदिर के भीतर ना ले जाए दिहल जाई.

ईहों पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.