Bahraich: बहराइच में मूर्ति विसर्जन के दौरान फायरिंग में युवक घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 13, 2024

बहराइच के महसी तहसील के हरदी थाना क्षेत्र में एतवार का दिने मूर्ति विसर्जन का दौरान दू समुदाय का बीच विवाद हो गइल। आरोप बा कि ए दौरान महाराज गंज कस्बा में एगो अउरी समुदाय

Share

बहराइच के महसी तहसील के हरदी थाना क्षेत्र में एतवार का दिने मूर्ति विसर्जन का दौरान दू समुदाय का बीच विवाद हो गइल।

आरोप बा कि ए दौरान महाराज गंज कस्बा में एगो अउरी समुदाय के ओर से पथराव अउरी गोलीबारी भइल, जवना में मूर्ति विसर्जन में शामिल रेहुवा निवासी राम गोपाल मिश्र (22 साल) गोली से गंभीर रूप से घाही हो गइले। जवना लोग के इलाज खातिर मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल बा आ ओ लोग के हालत गंभीर बतावल जाता।

हरदी समेत कई थाना के पुलिस आ पीएसी के मौका पऽ भेजल गइल बा। विधायक के संगे शीर्ष अधिकारी  मौका पऽ पहुंचल बाड़े। घटना के बाद मौका पऽ भगदड़ मच गइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.