बिहार के मुजफ्फरपुर में पहुंचले बाबा बागेश्वर, बोलले- ‘तु लोग हमार साथ दs, हम हिन्दू राष्ट्र देब’

By Anurag Ranjan

Published on: May 21, 2025

बागेश्वर धाम के मुख्य पुजारी धीरेन्द्र कृष्ण शास्त्री मंगल के दिने बिहार के मुजफ्फरपुर जिला में बइठक कइलन. एह दौरान उs कहले कि, मुजफ्फरपुर के पागल लोग, हमनी के साथ देवे, हमनी के रउआ के

Share

बागेश्वर धाम के मुख्य पुजारी धीरेन्द्र कृष्ण शास्त्री मंगल के दिने बिहार के मुजफ्फरपुर जिला में बइठक कइलन. एह दौरान उs कहले कि, मुजफ्फरपुर के पागल लोग, हमनी के साथ देवे, हमनी के रउआ के एगो हिन्दू राष्ट्र देब। एह दौरान बाबा बागेश्वर पहलगाम हमला के बाद भईल ऑपरेशन सिंदूर प भी बयान देले बाड़े। उ कहले बाड़े कि इs 1965 अवुरी 1971 के भारत ना हs, इस 2025 के भारत हs, हम घर में घुस के मार देनी। बाबा अउरी का कहले बानी जानी।

भारत हिन्दू राष्ट्र बने- बाबा बागेश्वर

धीरेन्द्र कृष्ण शास्त्री मुजफ्फरपुर में अपना सभा में आइल लोग से कहले कि आजु हम एक दिन खातिर एहिजा आइल बानी बाकिर अगिला साल तीन दिन खातिर मुजफ्फरपुर अइब. बाबा बागेश्वर आपन इच्छा जतवले बाड़न कि देश में चलत साजिश शांत हो जाव आ भारत हिन्दू राष्ट्र बन जाव. बाबा बागेश्वर आगे कहले कि अगर हमनी के हिन्दू एकजुट ना होखब त उ लोग हमनी के घर में घुस के मार दिहे।

जाति जनगणना होखे के चाहीं- बाबा बागेश्वर

बाबा बागेश्वर भी जाति जनगणना के मुद्दा प बयान देले बाड़े। उ कहले कि, “भारत में जाति के जनगणना होखे के चाही, लेकिन हम चाहतानी कि केतना अमीर अवुरी केतना गरीब के गिनती भी होखे। कंधा से ऊँच कवनो छाती नईखे अवुरी धर्म से ऊँच जाति नईखे।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ पहिलकी मेहरारू के छोड़ फेर बदलले धर्म, अइसन रहे धर्मेंद्र आ हेमा के Love story

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.